पिसिआर विधि के प्राथमिकता : मन्त्री ढकाल

काठमाण्डु २६ वैशाख
स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्री भानुभक्त ढकाल सरकार से कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के पिसिआर प्रविधि से परीक्षण के प्राथमिकता राखल बतवले बानी ।
मन्त्रालय मे आजु आयोजना कईल सङ्घीय संसद् के सांसद से मन्त्रालय के नीति तथा कार्जक्रम सुझाव सङ्कलन के समय मे उ पिसिआर परीक्षण के खातिर पर्याप्त किट भईल जानकारी देहनी ।
उनका मुताविक अभी सरकार सँगे पर्याप्त मात्रा मे पिसिआर किट रहल बा ।
२० हजार चीन आ ३० हजार स्विट्जरल्याण्ड सरकार किट उपलब्ध करवले बा ।
मन्त्री ढकाल कोभिड–१९ से बेसी जोखिम देखल गईल उदयपुर, पर्सा आ नेपालगञ्ज मे मन्त्रालय से विशेष टोली परिचालन भी भईल जानकारी देहनी ।
उ काल्हु सांसद के परीक्षण के लेके सञ्चारमाध्य मे गलत प्रचार भईल बतवनी ।
“सञ्चारमाध्यम से जनता के परीक्षण ना करके सांसद के पिसिआर विधि से परीक्षण कईल कहके प्रकाशित कइनी”, कहत उ, ‘‘माकिर ओईसन ना ह ।
सांसद मे काल्हु २१२ जने के तथा आउर सुरक्षाकर्मी आ कर्मचारी के १७९ कईल बा ।
उहाँ सांसद जेतना आउर के भी परीक्षण कईल बा ।”
उ प्रदेश मे समान रूप से परीक्षण किट पठावल कहत बेसी संवेदनशील जगहा मे केन्द्र से हि विशेष टोली खटावल बतवनी ।
उ कार्जक्रम मे सांसद जुलीकुमारी महतो प्रदेश नं २ मे पर्याप्तमात्रा मे परीक्षण करेके बतवनी ।
उ सरकार से नयाँ कार्जक्रम से पहिलका कार्जक्रम के निरन्तरता देवेके बतवनी ।
सांसद समिना हुसेन पिसिआर परीक्षण कम भईला से बढावे के बतवनी ।
सांसद सुरेशचन्द्र दास भारत मे अलपत्र पडल नेपाली के परीक्षण करके क्वारेन्टाइन मे राख के नेपाल लियावे क बतवले बानी ।
सांसद सरिताकुमारी गिरी आ चाँदतारा कुमारी टेकुस्थित सरुवा रोग अस्पताल देश के मरेजी के सहे ना सकेके कहत सात गो प्रदेश मे सरुवा अस्पताल निर्माण करेके बतवनी ।
सांसद लीला श्रेष्ठ स्वास्थ्य के क्षेत्र मे अल्पकालीन आ दीर्घकालीन योजना बनावे के बतवनी ।
सांसद तुलसाकुमारी दाहाल एक परिवार एक सदस्य के पिसिआर विधि से कोभिड–१९ परीक्षण करेके बतवनी ।





