वीरगंज के सभी पत्रकार के पिसिआर परीक्षण रिपोर्ट नेगेटिभ

वीरगंज ०३ जेठ

कोबिड १९ के आशंका मे बितल बुध के दिने पिसिआर परीक्षण कईल वीरगंज के सभी १०४ जने के कोरोना रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।

नेपाल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान के मुताविक बितल बुध के दिने नारायणी अस्पताल मे पुग के थ्रोट स्वाब के नमुना देहल सभी पत्रकार के पिसिआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।

संगे काम करेवाला २ सहकर्मी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद वीरगंज के आउर सभी पत्रकार के खुद मे भी संक्रमण पाटल बा कि कहके आशंका रहे ।

उहे चलते वीरगंज आ काठमाण्डु के अनेकन संचारगृह मे कार्यरत पत्रकारलोग बुध के दिने नारायणी अस्पताल मे पुग के परीक्षण के खातिर आपन आपन स्वाब के नमुना देहले रहलन ।

बुध के दिने अस्पताल मे पुगल १०४ जने पत्रकार के स्वाब के नमूना संकलन करके अस्पताल उहे दिन पिसिआर परीक्षण के खातिर काठमाण्डु के राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला टेकु पठवले रहे ।

टेकु के प्रयोगशाला से शनिचर के दिने सबेरे मिलल रिपोर्ट मे १०४ जने पत्रकार के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल जानकारी अस्पताल से मिलल अध्यक्ष चौहान बतवनी ।

मंगर के दिने २ गो पत्रकार मे भी संक्रमण मिलला के बाद वीरगंज के सभी पत्रकार मानसिक तनाव मे रहलन । कुछ एफएम के सन्चारकर्मी घर नाजाके ४ दिन से कार्यालय मे रहत आईल रहलन ।

माकिर शनिचर के दिने सभी के रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद वीरगंज के पत्रकारलोग तनावमुक्त होके खुशी महसुस कईल अध्यक्ष चौहान जानकारी देहनी ।

’२ जने पत्रकार के संक्रमण देखल गईला के बाद गाँव टोल मे पत्रकार के समाज के कुछ आदमी से देखेवाला नजरीया हि फरक मिलल रहे’, कहत अध्यक्ष चौहान, ‘माकिर अभी रिपोर्ट नेगेटिभ अईला के बाद समाज के दृष्टिकोण जरुरे बदलल होखी कहके आसा बा ।’

वीरगंज मे अभी भी कुछ पत्रकार पिसिआर परीक्षण ना करावल जानकारी मे आईल कहत चौहान परीक्षण ना करावल पत्रकारलोग के भी अस्पताल पुग के परीक्षण करावे खातिर निहोरा कइनी । उल्था अन्नपूर्ण

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।