ठोरी के सीमा होके आइललोग के भारत ओरी पठावल गईल

वीरगंज ०५ जेठ

पर्सा के ठोरी नाका मे आईल २४ जने नेपाली के भारत ओरी हि फिर्ता पठावल गईल बा ।

मुम्बई से मजदुरी करेवाला उलोग पाँच दिन लगाके एतवार के दिने ठोरी से सीमा नाका जुडल भिखना ठोरी आइल रहलन । माकिर उलोग के भारत ओरी हि फिर्ता पठावल गईल बा ।

उपरला तह से निर्देशन ना अईला से उलोग के उद्धार करे ना सकल ठोरी गाँवपालिका–२ स्थित सशस्त्र प्रहरी बोर्डर आउट पोष्ट के प्रहरी निरीक्षक दिपक दाहाल बतवनी ।

कोरोना संक्रमित के संख्या बढला सँगे प्रशासन जिल्ला मे निषेधाज्ञा जारी कईले बा । उपर के निर्देशन विना केहु के भी प्रवेश अनुमति ना रहल उ बतवनी ।

फिर्ता पठावल उलोग के सीमावर्ती नाका भिखनाठोरी से ६ किलो मिटर दुरी मे रहल भारतीय गाँव धमौरास्थित एक विद्यालय के क्वारेन्टाइन मे लेगईल बा ।

एतवार के रात उलोग भारतीय सीमा सुरक्षा बल के टोली चोरालुका के नेपाल प्रवेश करेके खोजले रहलन । माकिर सशस्त्र पुलीस के जानकारी मिलला के बाद उलोग के फेनु एसएसबी के जिम्मा लगवले रहे ।

वैशाख ३१ गते मुम्बई से चलल उलोग पाँच दिन लगाके एतवार के सीमावर्ती बजार भिखना ठोरी आइल रहे । जउना मेसे चितवन के २१ जने, मकवानपुर के १ जने, नवलपरासीका १ जने आ धनगढी के १ जने बाडन ।

स्थानीय प्रशासन असहजोग कईलख ः माडी के नगर प्रमुख
भारत ओरी पठावल गईल २४ जने मेसे २० जने चितवन के माडी नगरपालिका के स्थानीय बाडन ।

आपन गाँव के नागरिक नाका मे अलपत्र पडल जानकारी मिलला के बाद माडी के नगरप्रमुख ठाकुरप्रसाद ढकाल ठोरी नाका पुगल रहलन ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय चितवन पर्सा सँगे समन्वय करके खुद आपन नागरिक लेवे आईल बतईला पर भी सीमा मे खटल सशस्त्र पुलीस अनुमति ना देहल उ सिकाईत कइनी ।

नगरप्रमुख ढकाल कहनी कि, ‘हमनी के नागरिक के क्वारेन्टाइन मे लेजाके राखेल जाई । उलोग के नेपाल आवे दि कहके निहोरा कईले रहनी ।

माकिर ठोरी मे खटल सशस्त्र प्रहरी के प्रहरी निरीक्षक असहजोग कईलन । सशस्त्र पुलीस के अईसन हर्कत उपर माडी नगरपालिका घोर आपत्ति जनईले बा ।’

सुरक्षाकर्मी नेपाली नागरिक के भारत ओरी पठावल हि अमानवीय व्यवहार भइल ढकाल बतवनी ।

पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत ई बारेमे खुद के जानकारी हि ना भईल प्रतिक्रिया देहनी ।

बस्नेत कहनी कि, ‘चितवन जिल्ला प्रशासन हमनी के पत्र लिख के अनुरोध कईला पर भी हमनी समन्वय करे सकेम ।

माकिर चितवन से ओईसन जानकारी आईल हमरा जानकारी नइखे ।

सीमा नाका मे आइल नेपाली नागरिक के सम्बन्धित स्थानीय तह मापदण्ड अनुसार के क्वारेन्टाइन मे लेजाके राखेके प्रतिवद्धता अईला पर पठावल जा सकता ।’

ठोरी के सीमा मे आइल उलोग लकडाउन के चलते होटलसब बन्द भईला के बाद समस्या मे पडत आईल रहे । भारत सरकार बस मार्फत मजदुरलोग के घर फिर्ता पठावल जा रहल बा कहके जानकारी मिलला के बाद उलोग भी नेपाल आईल रहलन ।

चितवन के माडी नगरपालिका–५ बरमपुरी के २७ बरीस के लेखनारायण (राजन) लामिछाने कहनी कि, ‘मुम्बई से भिखना ठोरी तक भारत सरकार हि हमनी के लिआईल ।

मुम्बई, गोरखपुर, मोतिहारी, नरकटियागंज होत बस मार्फत हमनी के पाँच दिन लगाके नेपाल नाका तक लिआईल । माकिर आपन देश आवेके दुवारी मे छेकन लगावल गईल ।

‘भारत मे दिन पर दिन कोरोना संक्रमित के दर बढत गईला के चलते मरेके पडला पर भी आपन देश मे जाके मरी कहके हमनी कठिनपूर्ण यात्रा तय कईले रहे,’ कहत लामिछाने, ‘आपन देश घुसेवाला दुवारी हमनी खातिर बन्द होखी कहके हमनी सोचले भी ना रहनी । जउन ना सोंचल बात हमनी के भोगेके पडल ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।