रौतहट के ८५ जने पत्रकार के बिमा

रौतहट ५ जेठ
कोभिड–१९ (कोरोना) संक्रमण के समय जोखिमपूर्ण अवस्था मे समाचार संकलन कर रहल रौतहट के ८५ जने पत्रकार के बिमा कईल गईल बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट के शाखा सदस्य तथा सक्रिय संचारकर्मी के खातिर कोरोना बिमा करवले बा ।
माधव नारायण नगरपालिका के आर्थिक सहजोग मे रौतहट के ८५ संचारकर्मी के खातिर कूल ८५ लाख के बिमा कईले बा ।
माधवनारायण नगरपालिका के मेयर वीरेन्द्र राय यादव बिमा के खातिर लागेवाला शुल्क बराबर के चेक पत्रकार महासंघ रौतहट के सचिव गौतम श्रेष्ठ के हस्तान्तरण कईले बाडन ।
पिछिलका समय संक्रमित के सँख्या बढे लागला के बाद रौतहट मे जोखिम बढल बा ।
‘विपती के समय मे खट रहल संचारकर्मीलोग के मनोबल उच्च बनावेके आ सुरक्षा भी देवेके उदेश्य से बिमा शुल्क रकम सहजोग कईल गईल बा,’ कहत मेयर यादव, ‘नेपाल पत्रकार महासंघ के निहोरा मे संचारकर्मीलोग के खातिर सहजोग करेके मिलला पर खुशी लागल बा ।’
नेपाल पत्रकार महासंघ से आवद्ध ना भईल माकिर जिल्ला मे सक्रिय पत्रकारिता कर रहल लोग के भी बिमा कार्जक्रम मे समेटल पत्रकार महासंघ रौतह शाखा के सचिव गौतम श्रेष्ठ बतवनी ।
प्रतिव्यक्ति ६ सय के दर से कूल ५१ हजार बिमा शुल्क माधवनारायण नगरपालिका सहजोग कईल बतवनी ।






