बारा के शैक्षिक तालिम केन्द्र के कोरोना अस्पताल बनावल जाई

बारा ०५ जेठ
बारा के कलैयास्थित शैक्षिक तालिम केन्द्र आ सिञ्चाई डिभिजन कार्यालय के भवन के अस्थायी कोरोना अस्पताल बनावेके जनावल गईल बा ।
उपमहानगरपालिका–३ गंगापुरस्थित शैक्षिक तालिम केन्द्र आ वार्ड नम्बर–५ स्थित सिञ्चाई डिभिजन के भवन के अस्थायी कोरोना विशेष अस्पताल बनावे के निर्णय भईल बा ।
जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति के एतवार के दिने बईठल बईठक से दुनु जगहा मे ५०÷५० शय्या के कोरोना अस्पताल बनावे के निर्णय कईले बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका आर्थिक व्ययभार व्यहोरेवाला किसिम से तालिम केन्द्र के कोरोना अस्पताल बनावे के निर्णय भईल नगर प्रमुख राजेश राय यादव जानकारी देहनी ।
यादव के मुताविक सिञ्चाई डिभिजन के भवन के अस्थायी कोरोना विशेष अस्पताल बनावे खातिर प्रदेश सरकार के भी लगानी रही ।
नगर प्रमुख यादव कहनी कि, ’आजु से अस्पताल के खातिर जरुरी पूर्वाधार निर्माण सुरु होखी । सभी काम पुरा भईला के बाद कोरोना संक्रमित के ईलाज अब इहें से होखी । कलैया अस्पताल के आइसोलेसन मे रहल मरेजी के उहें लेजाईल जाई ।’
तालिम केन्द्र मे कोरोना अस्पताल निर्माण ना होखे तक कलैया अस्पताल से प्रदान करत आ रहल नियमित सेवा कलैया आ वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल से तोकल दररेट मे बारा नर्सिङ होम से सेवा प्रवाह के खातिर प्रक्रिया अगाडि बढावे के निर्णय भईल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।





