वीरगंज के संक्रमित के मिले लागल पोषिलो खाना

वीरगंज ०५ जेठ

वीरगंज के कोरोना संक्रमित के पोषिलो खाना आ नास्ता मिले लागल बा ।

सानो पाइला नामक एक सामाजिक संस्था अस्पताल मे ईलाज करा रहल संक्रमितलोग के पोषिलो खाना आ नास्ता सोमार के सबेरे से खियावल सुरु कईले बा ।

अस्पताल के आइसोलेसन मे रहल मरेजीलोग पोषणयुक्त भोजन ना मिलल सिकाईत अईला के बाद उ संस्था पोषणयुक्त खाना आ नास्ता खियावल सुरु कईले बा ।

सानोपाइला सबेरे के नास्ता मे दु गो रोटी, आलु के भुजिया, एगो अण्डा, एगो सेव, अंगुर आ एक गिलास दूध खियावल नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन कक्ष मे ईलाज करा रहल संक्रमित पत्रकार सुरेश विडारी जानकारी देहनी ।

पोषिलो नास्ता आ खाना के व्यवस्थापन सानो पाइला कईले बा ।

अस्पताल मे रहल मरेजीलोग के पोषणयुक्त भोजन ना मिलल सिकाईत अईला के बाद ओकर व्यवस्थापन करेके जिम्मेवारी सानो पाइला लेहले रहे ।

संक्रमित मरेजी पोषणयुक्त भोजन ना मिलल सिकाईत करत अस्पताल मे ईलाज करा रहल एक जने संक्रमित पत्रकार चाउचाउ खाके हमनी कोरोना से लड रहल बानी कहके स्वास्थ्यमन्त्री के पत्र लिखल ब्लग भी सार्वजनिक भईल रहे ।

सानो पाइला के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत कञ्चन झा आइसोलेसन कक्ष मे रहल मरेजीलोग के खाना आ नास्ता खियावे के मौका देहला मे सभी उपर धन्यवाद भी देहले बानी ।

अधिकृत झा के मुताविक नारायणी अस्पताल मे रहल ७१ आ सिद्धार्थ मावि के आइसोलेसन कक्ष मे रहल २५ जने संक्रमितलोग के खाना तथा नास्ता के व्यवस्था कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।