प्रदेश नं २ मे कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या १३१ पुगल
जनकपुरधाम, ५ जेठ
प्रदेश नं २ मे कोरोना सङ्क्रमित के सङ्ख्या १३१ पुगल बा । समाजिक विकास मन्त्रालय के कोरोना सम्बन्धी तथ्याङ्क मुताविक ई प्रदेश मे एतवार तक मे १२२ जने कोरोना सङ्क्रमित रहे । आजु सबेरे ९ जने थपईला के बाद ई सङ्ख्या १३१ पुगल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालयद्वारा आजु सबेरे जारी कईल विज्ञप्ति मे ई प्रदेशअन्तर्गत के रौतहट के आठ आ बारा के एक करके ९ जने कोरोना सङ्क्रमित पुष्टि भईल उल्लेख कईल बा ।
आजु सबेरे थपाईल ९ जने मे रौतहट के इशनाथपुर नगरपालिका के २, ३, ६ आ ९ वार्ड के २१ से ३० बरीस तक के सात जने पुरुष, माधवनारायण नगरपालिका–३ के २८ बरीस के जनानी आ बारा जिल्ला के करैयामाई–५ के ३८ बरीस के पुरुष बाडन ।
ई प्रदेश के आठ जिल्ला मेसे सोमार के सबेरे तक रौतहट मे २१, बारा मे पाँच, पर्सा मे ९१, धनुषा मे पाँच, महोत्तरी मे चार, सर्लाही मे तीन, सप्तरी आ सिरहा मे एक÷एक जने कोरोना सङ्क्रमित बाडन ।
एहितरे धनुषा मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण मिलल एक पत्रकार के सम्पर्क मे आईल के आधार मे आजु धनुषा के पत्रकार के स्वाब संकलन कईल बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ के अध्यक्ष अनिल मिश्र बितल बियफे के दिने धनुषा के जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका भितर कोरोना संक्रमण मिलल पत्रकार आ दोकान व्यवसायी के कन्ट्रयाक्ट ट्रेसिङ के आधार मे स्वाब संकलन कईल बतवनी ।
विश्व कोरोना भाइरस के महामारी से गुजरल अवस्था मे अग्रपंक्ति मे रह के काम करेके समय मे पत्रकार मे संक्रमण देखल गईला के बाद कन्ट्रयाक्ट ट्रेसिङ के आधार मे ३० जने के स्वाब परीक्षण कईल जनावल गईल बा ।
पत्रकार महासंघ धनुषा के आयोजना तथा नेपाली सेना महेन्द्रनगर रणभीम गण के सहजोग मे प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम के प्राविधिक प्रयोगशाला के टोली कन्ट्रयाक्ट ट्रेसिङ से आईललोग के स्वाब परीक्षण कईले बा ।
संक्रमित के सम्पर्क मे आईल आ घरपरिवार, कार्यरत टेलिभिजन तथा पत्रकार महासंघ के सम्पर्क मे आईल के थ्रोट आ नोजल स्वाब संकलन कईल प्रयोगशाला प्रमुख रामविनय साह जानकारी देहनी ।
महासंघ कोरोना महामारी के समय मे संक्रमण के जोखिम उठाके जनता के सुसूचित करावे खातिर जुटल समय पत्रकार मे संक्रमण देखल गईला के बाद दोहोरा के परीक्षण करावे के पडल जनस्वास्थ्य वरिष्ठ प्रशासक विजय झा जानकारी देहनी ।






