पर्यटन क्षेत्र के प्राथमिकता मे राखल जाई : मन्त्री गुरुङ

चिप्लेढुङ्गा, ७ जेठ
गण्डकी प्रदेश के आर्थिक मामिला तथा योजना मन्त्री किरण गुरुङ पर्यटन क्षेत्र के प्राथमिकता मे राखेके बतवले बानी ।
टे«किङ एजेन्सिज एशोसिएसन अफ नेपाल (टान) क्षेत्रीय कार्यालय ‘आवेवाला बजेट मे पर्यटन विकास के खातिर प्रस्तावित कार्जक्रम’ सम्बन्धी छलफल मे उ कहनी कि, “प्रदेश के विकास आ समृद्धि के खातिर आवेवाला बजेट मे पर्यटन क्षेत्र के प्राथमिकता मे राखल जाई ।”
मन्त्री गुरुङ पर्यटन क्षेत्र मे प्रत्यक्ष रूप मे कम देखल गईला पर भी अप्रत्यक्षरूप मे एकरा सँगे जोडेके पूर्वाधार विकास मे बजेट बढ रहल बतावत कोरोना महामारी से सङ्कट मे रहल आर्थिक गतिविधि के चलायमान बनावे खातिर विशेष जोड देवेके बतवनी ।
उकहनी, “पर्यटन व्यवसायी समस्या मे बानी, आर्थिक चलायमान ना भईला पर निजी क्षेत्र लगायत सभी के अवस्था ओईसने बा, एकरा से राज्य के ढुकुटी मे भी प्रत्यक्ष असर पडल बा ।
अब आर्थिक लकडाउन होखे ना देहेम, ई बारे मे हमनी सोच रहल बानी ।”
टान के पूर्वअध्यक्ष टीकाराम सापकोटा पदयात्रा आ पर्वतारोहण से नेपाल के पर्यटन शुरु भईल स्मरण करत ई क्षेत्र के विकास आ विस्तार मे प्रदेश सरकार विशेष चासो देवेके बतवनी ।
पर्यटन बरीस घोषणा भईला के बाद बहुते लगानी पर्यटन क्षेत्र मे भईल माकिर सङ्कट के अवस्था मे ओकर संरक्षण के बारे मे सम्बोधन होखे ना सकल उनकर कहनाम रहे ।
टान के अध्यक्ष हरि भुजेल गण्डकी प्रदेश के पर्यटन के प्रमुख आधार हि पदयात्रा आ हिमाल आरोहण भईला से ई क्षेत्र के विकास मे प्रदेश सरकार से विशेष नीति तथा योजना आवेके बात मे जोड देहनी ।
उ गण्डकी प्रदेश मे आठ हजार से उँच तीन गो हिमाल भईल जानकारी देत सगरमाथा चढेसे पहिले मर्दी टेन पिक अनिर्वाय चढेके बाध्यकारी नियम बनावे सकला पर ई क्षेत्र के पर्यटन गतिविधि बढेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
सङ्घ के प्रथम उपाध्यक्ष सुशीलराज पौडेल आ सहसचिव उदय सुवेदी आ कोषाध्यक्ष कृष्ण आचार्य सन् २०२१ के पूर्वाधार विकास के बरीस घोषणा करेके बात मे जोड देहनी ।
उलोग पर्यटक के सुरक्षा के खातिर आवेवाला योजना मे छुमरुङ मे एगो आकस्मिक रेस्क्यू टिम राखे खातिर प्रदेश सरकार के सुझाव देहनी ।






