दशगजा मे सुरक्षा पोष्ट बनावे से पछाडि हटल भारत

वीरगंज ०७ जेठ,
पर्सा जिल्ला के ठोरी के वासिन्दा के विरोध आ अवरोध के बाद सीमा नाका दशगजा क्षेत्र मे सुरक्षा पोष्ट बनावे के अडान से भारत पछाडि हटल बा ।
ठोरी गाँवपालिका–४ के स्थानीय के निरन्तर विरोध आ अडान के बाद सीमा से करिब ३० मिटर दुर हटा के सुरक्षा पोष्ट बनावे के भारत सहमत भईल नागरिक समाज ठोरी के अगुवा सन्तोष श्रेष्ठ बतवनी ।
भारत के वन विभाग के टोली भ्यूटावर सहित के सुरक्षा पोष्ट बनावे खातिर गिट्टी, बालु लगायत के निर्माण सामान भी लियाईल रहलन ।
भारतीय पक्ष दशगजा क्षेत्र मे भ्यूटावर सहित के सुरक्षा पोष्ट बनावे के खोजला के बाद स्थानीय विरोध कईल सुवर्णपुर स्थित सशस्त्र प्रहरीका प्रहरी निरीक्षक सिंहवीर (सागर) मल्ल बतवनी ।






