प्रेस सेन्टर के २० वाँ स्थापना दिवस मे प्रधानमन्त्री प्रचण्ड सम्बोधन करीहें
प्रेस सेन्टर के २० वाँ स्थापना दिवस मे प्रधानमन्त्री प्रचण्ड सम्बोधन करीहें
वीरगंज १४ माघ
प्रेस सेन्टर नेपाल के केन्द्रिय समिति के बईठक एतवार के दुसरका दिन भी वीरगंज मे जारी रहल बा । प्रेस सेन्टर के २० वाँ स्थापना दिवस के अवसर मे आयोजना कईल ३ दिने कार्जक्रम अन्तर्गत वीरगंज नगरसभा गृह मे समिति के बईठल बईठल बा ।
स्थापना दिवस के अवसर मे होखेवाला कार्जक्रम मे देशभर से करिब ५ सय जने प्रेस सेन्टर नेपाल के प्रतिनिधिलोग के सहभागिता होखेके प्रेस सेन्टर के केन्द्रिय सदस्य निरज पिठाकोटे मगर बतवले बानी ।
तिसरका दिन सोमार के सबेरे ८ बजे से घण्टाघर से प्रभात फेरि कार्जक्रम होखेके आ उ प्रभातफेरी मे पर्सेली सभी सञ्चारकर्मीलोग के उपस्थित होखे खातिर केन्द्रिय सदस्य मगरनिहोरा कईले बानी ।
प्रभात फेरि के बाद नगरसभागृह मे प्रधानमन्त्री पुष्पकमल दाहाल (प्रचण्ड) सम्बोधन करेके कार्जक्रम रहल प्रेस सेन्टर जनवले बा ।
२० वाँ स्थापना दिवस के कार्जक्रम मे केन्द्रिय पदाधिकारी, केन्द्रिय सदस्यलोग, अनेकन समिति आ उप समिति सदस्यलोग, जिल्ला, एशोसियट लगायत समिति के अध्यक्ष तथा प्रदेश पदाधिकारीलोग के कार्जक्रम मे सहभागिता रहेके जनावल गईल बा ।