पटेर्वासुगौली गाँवपालिका के स्वास्थ्य सामान मिलल

वीरगंज ०८ जेठ
पर्सा जिल्ला के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका मे रहल चार गो स्वास्थ्य संस्था बियफे के दिने स्वास्थ्य सामान देहले बा ।
कोरोना भाइरस संक्रमण विरुद्ध खटेवाला स्वास्थ्यकर्मीलोग के व्यक्तिगत सुरक्षा के खातिर दिब्य युवा क्लब पर्सा स्वास्थ्य सामान उपलब्ध करवले बा ।
क्लब २० थान पीपीई, ४ थान थर्मलगन, १०० थान सर्जिकल माक्स, २० थान एन ९५ मास्क, १६ थान हेण्ड सेनिटाइजर लगायत के स्वास्थ्य सामान उपलब्ध करावल गाँवपालिका के अध्यक्ष हरिनारायण प्रसाद चौधरी जानकारी देहनी ।





