कलैया मे लघुवित संस्थाद्धारा तरकारी खेती तालिम
कलैया मे लघुवित संस्थाद्धारा तरकारी खेती तालिम

प्रभु यादव
बारा २१ फागुन
बारा के कलैया मे डिप्रोक्स लघुवित्त वित्तीय संस्था तरकारी खेती तालिम सम्पन्न कईले बा ।
कलैया शाखा के सदस्य सभे के क्षमता विकास तथा व्यवसाय प्रवद्र्धन सम्बन्धि तरकारी खेती तालिम कार्जक्रम उद्योग बाणिज्य संघ कलैया बारा के सभा हल मे संचालन कईल गईल रहे ।
बारा उद्योग बाणिज्य संघ कलैया के अध्यक्ष तथा कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी राजकुमार साह डिप्रोक्स संस्था पहिले आ अभि बहुते निमन काम कररहल बतावले बानी । आवेवाला दिन मे जगह अनुसार के क्षमता विकास करी सभेके आशा विश्वास रहल साह बतावले बानी ।
डिप्रोक्स संस्था के प्रदेश अनुगम सिमरा शाखा के अनिल कुमार पंजियार अभी नेपाल भर के ७३ जिल्ला मे कारोबार कररहल बतवले बानी । ७३ जिल्ला मे एक सय ५८ शाखा रहल आ सदस्य संख्या २ लाख ६२ हजार ९५ रहल बतवले बानी । मधेस प्रदेश मे ६१ हजार ६ सय २७ सदस्य रहल पंजियार जानकारी करावले बा ।
कलैया शाखा के प्रबन्धक हरिनारायण ठाकुर ३ हजार ५ सय ८८ सदस्य रहल जनकारी करावल बानी । ऋणी २ हजार एक सय ५५ रहल ठाकुर जनकारी करावले बानी ।
तरकारी तालिम कार्जक्रम के अध्यक्षता रिमझिम चौरसिया कईले रहनी जवना मे बारा कृषि ज्ञान केन्द्र के बाली संरक्षण अधिकृत समसुल हक मिया दर्जी, ज्ञान केन्द्र के कृषि प्रसार अधिकृत राजबंसी चौरसिया प्रशिक्षण देहले रहनी ।






