मानसिक स्वास्थ्य कमजोर रहल गर्भवती के उद्धार

वीरगंज १२ कुवार
मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा मानसिक स्वास्थ्य कमजोर भईल एक गर्भवती के उद्धार कईले बा । धनुषा के धनुषाधाम नगरपालिका–९ धारापानी से उनकर उद्धार कईल बा ।
लिख के रिना देवी नाम बतावेवाला उनकर मानसिक स्वास्थ्य अवस्था कमजोर बा । आउर आदमी के देखते मातर गारी देवेके आ अकेले चिलाएके समस्या उनका मे बा ।
सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु लगायत के टोली मंगर के सबेरे धारापानी पुग के स्थानीय प्रहरी आ जनप्रतिनिधि से समन्वय करके जनानी के उद्धार करके वीरगंज लिआईल बाडन ।
वीरगंज स्थित प्रभु अस्पताल मे अभी उनकर ईलाज हो रहल बा । माई आ गर्भ मे रहल बच्चा के स्थिति बुझे खातिर प्रसूति रोग विशेषज्ञ डाक्टर से ईलाज करा रहल सामाजिक अभियन्ता थारु जानकारी देहनी ।






