मोवाइल चार्ज करेके समय मे करेन्ट लाग के एक के मृत्यु
सप्तरी ८ जेठ,
मोवाइल चार्ज करेके समय मे सप्तरी मे एक जनानी के आजु करेन्ट लाग के एक जने के मृत्यु भईल बा ।
बोदे बर्साइन नगरपालिका–९ सिम्राहा के रहनिहार ४० बरीस के मिरकुन देवी के मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय, सप्तरी जनवले बा ।
करेन्ट लाग के गम्भिर घायल भईल उनका के ईलाज के खातिर बोदे बर्साइन लियावे के समय रास्ता मे मृत्यु भईल रहे ।
ई सम्बन्ध मे आउर अनुसन्धान काम हो रहल पुलीस जनवले बा ।






