पर्सा पुलीस १० लाख मूल्य बराबर के सामान पकडलख

पर्सा पुलीस १० लाख मूल्य बराबर के सामान पकडलख

वीरगंज १० फागुन

पर्सा पुलीस १० लाख मूल्य बराबर के भन्सार छली के सामान पकडले बा । पुलीस वीरगंज–१६ इदगाह चोक सडकखण्ड से उ मूल्य के लत्ताकपडा तथा बरतन बरामद कईले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से खटल टोली भन्सार ना तिरके लियावल लेडिज कपडा तथा बिरयानी पकाएवाला बरतनसब वीरगंज घण्टाघर ओरी लिया रहल अवस्था मे सामानसब पकडल पर्सा के प्रहरी नायब उपरिक्षक प्रवक्ता ध्रूव बहादुर श्रेष्ठ बतवनी । तस्करलोग पुलीस के देखते मातर सामान छोडके फरार भईल पुलीस के कहनाम बा ।

पुलीस लेडिज कुर्ता सुरुवाल ९४८ पिस, बिरयानी पकाएवाला बरतन ५ थान, बडका भठ्ठी २ पिस, छनौटा २ थान, छोटा डेक्ची २ थान बरामद कईल पुलीस बतवले बा ।

बरामद सामान के मूल्यांकन १० लाख ४ हजार ४ सय कायम करके जरुरी कारवाही के खातिर वीरगंज भन्सार कार्यालय मे बुझावल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा बतवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।