बारा के पत्रकार के मेहरारु के भी कोरोना संक्रमण
बारा १० जेठ
बारा जिल्ला मे शनिचर के सबेरे थपाईल एक जने कोरोना संक्रमित जनानी एकरा से पहिले संक्रमित भईल पत्रकार के मेहरारु मे भी रहल मिलल बा ।
संक्रमण पुष्टि भईला के बाद करैमाई निवासी ३७ बरीस के जनानी के कलैया अस्पताल लियावे के तइयारी हो रहल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।
उनकर दु गो बेटा आ दु गो बेटी के रिपोर्ट नेगेटिभ आईल बा ।
एकरा से पहिले उनकर मरद मे जेठ ४ गते संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।
मरद मे संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उनकर मेहरारु सहित चार जने के भी परीक्षण कईल रहे । शुक के रात भी बारा मे ६ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।






