बारा मे चार पुलीस मे कोरोना संक्रमण, संक्रमित पुलीस के संख्या पाँच पुगल

बारा ११ जेठ

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा मे कार्यरत चार पुलीस मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

राष्ट्रिय प्रयोगशाला काठमाण्डु मे भईल स्वाब परीक्षण के समय मे चार पुलीस मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

एके दिन थपाईल चार सहित बारा मे संक्रमित होखेवाला पुलीस के संख्या ५ पुगल बा ।

जेठ ७ गते एक पुलीस जवान मे कोरोना मिलल बारा मे एतवार के दिने मात्र चार पुलीस मे संक्रमण देखल गईल बा ।

बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित एके दिन मे चार पुलीस मे कोरोना देखल गईल पुष्टि कइनी ।

एतवार के दिने एक पुलीस मे कोरोना देखल गईल जानकारी देहल प्रजिअ कुछ घण्टा के बाद आउर तीन करके चार जने मे संक्रमण भईल बतवले बाडन ।

सर्लाही घर भईल ४९ बरीस के प्रहरी नायव निरीक्षक, पर्सा घर भईल ३४ बरीस के पुलीस हवल्दार, ३२ बरीस के प्रहरी जवान आ रौतहट घर भईल ३४ बरीस के पुलीस जवान मे संक्रमण देखल गईल बा ।

बारा के पुलीस प्रवक्ता डिएसपी गौतम मिश्र चार पुलीस मे संक्रमण देखल गईल आ संक्रमित पुलीस के कलैया अस्पताल मे लेजाए कउ तइयारी कईल बतवनी ।
एकरा से पहिले जेठ ७ गते रौतहट घर भइल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के मुद्दा फाँट मे कार्यरत प्रहरी जवान मे कोरोना संक्रमण देखल गईल रहे ।

रौतहट घर भईल प्रहरी जवान मे कोरोमा देखल गईला के बाद कार्यालय मे कार्यरत २५ पुलीस सहित ४९ जने के स्वाब परीक्षण के खातिर राष्ट्रिय प्रयोगशाला काठमाण्डु मे पठावल गईल रहे ।

स्वाब पठावल मेसे चार पुलीस मे कोरोना पुष्टि भईल बा ।

एकरा सँगे बारा मे कोरोना संक्रमण होखेवाला के संख्या १६ पुगल बा । एकरा से पहिले सिम्रौनगढ नगरपालिका मे ७, करैयामाई गाँवपालिका मे २, जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका मे १, विश्रामपुर गाँवपालिका मे १ आ एक पुलीस जवान मे कोरोना देखल गइल रहे ।

संक्रमित मेसे जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका एक आ सिम्रौनगढ के एक करके दु जने ईलाज के बाद शनिचर के दिने घर फिर्ता भईल बाडन ।

संक्रमण देखल गईल के कलैया अस्पताल मे आ वीरगंज अस्पताल के आइशोलेसन मे राखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।