वीरगंज के २१ कोरोना संक्रमित ठिक होके घर गईलें, ९ जने के ईलाज हो रहल, कोरोना जितललोग पैदल घर जाएमे बाध्य

वीरगंज १३ जेठ
नारायणी अस्थायी कोभिड अस्पताल मे कोरोना संक्रमित इलाज करा रहल २१ जने ठिक होके घर गईल बाडन ।
विशेष कोरोना गण्डक हस्पिटल मे ईलाज करा रहल ३० संक्रमित मेसे २१ जने मंगर के रात करिब १० बजे डिस्चार्ज भईल बाडन ।
मंगर के रात डिस्चार्ज होखेवाला २१ जने सभी पर्सा जिल्ला के वीरगंज महानगरपालिका के बाडन ।
उ मेसे ४ जने जनानी आ १७ जने पुरुष करके २१ जने रहल बाडन ।
डिस्चार्ज होखेवाला मे १५ महिना के लईका सहित ३ जने लईकालइकी भी रहल विशेष कोरोना गण्डक अस्पताल के कोर्डिनेटर डाक्टर उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।
अस्पताल मे लिया के राखला के बाद लगातार दुसरका बेर के पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल २१ जने के स्वास्थ्य अवस्था भी सामान्य रहला से डिस्चार्ज कईल डाक्टर सिंह बतवनी ।
वीरगंज के अस्पताल से भर्ना भईल १०२ संक्रमित मेसे मंगर तक ९३ जने कोरोना जित के घर गईल बाडन ।
चईत २९ गते से जेठ ११ तक पर्सा, आउर जिल्ला के आ भारतीय करके १ सय २ जने संक्रमित के ईलाज के खातिर भर्ना भईल रहलन ।
उ मेसे मंगर तक ९३ डिस्चार्ज भईल नारायणी अस्पताल के मेसु डाक्टर मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
बितल वैशाख २७ आ ३० गते कोभिड–१९ पुष्टि भईल समय से उलोग के आइसोलेसन मे राखल गईल रहे ।
ना अस्पताल के आइसोलेसन वार्ड मे बेड कमी भईला से २१ जने संक्रमित के संक्रमण भईलाके पहिलका २ दिन घर मे सेल्फ आइसोलेसन मे राखल गईल रहे ।
ओकरा बाद सिद्धार्थ माध्यमिक विद्यालय के सेमी आइसोलेसन मे परिणत करके २१ जने संक्रमित के उहाँ राखल गईल रहे ।
वीरगंज महानगरपालिका इहाँ के गण्डक अस्पताल से सम्झौता करके ओकरा के अस्थायी कोभिड अस्पताल बनईला के बाद बितल वैशाख ७ गते सिद्धार्थ मावि के सेमी आइसोलेसन से २१ जने संक्रमित के राखल गईल रहे ।
मंगर के रात २१ जने डिस्चार्ज भईला के बाद वीरगंज के आइसोलेन मे अब ९ जने मात्र संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।
कोरोना के जित के डिस्चार्ज भईललोग के घर तक पुगे खातिर नारायणी अस्पताल भा सम्बन्धित कउनो भी निकाय एम्बुलेन्स तथा सवारी साधन के व्यवस्था ना कईला के चलते उलोग बाध्य होके पैदल घर जाए लागल एक संक्रमित बतवले बाडन ।






