गणतन्त्र दिवस के अवसर मे पर्सा कारागार से ७ जने कैदीबन्दी रिहा

वीरगञ्ज १५ जेठ
नेपाल के १३ वाँ गणतन्त्र दिवस के अवसर मे पर्सा जिल्ला कारागार से अनेकन मुद्दा मे कैद भुक्तान कर रहल ७ जने कैदीबन्दी रिहा भईल बाडन ।
मन्त्रिपरिषद से गृह मन्त्रालय के प्रस्ताव मे गणतन्त्र दिवस के उपलक्ष्य मे ५० प्रतिशत कैद सजाय भुक्तान कईल कैदी के बाँकी कैद सजाय मिनाहा करके रिहा करेके कईल निर्णय के बाद उलोग के रिहा कईल पर्सा कारागार प्रमुख श्रवण कुमार पोखरेल बतवनी ।
पर्सा कारागार से सवारी ज्यान मुद्वा के ३ जने, कर्तव्य ज्यान, दस्तखत किर्ते, बन पैदावार आ अङ्गभङ्ग मुद्दा मे एक÷एक जने करके सात जने के रिहा कईल पर्सा कारागार प्रमुख पोखरेल बतवनी ।
रिहा होखेवाला असल चाल चलन भईल, ५० प्रतिशत कैद भुक्तान भईल, मुद्दा अन्तिम भईल आ सरकार प्रतिबन्ध लगावल १९ किसिम के मुद्दा बाहेक के कैदीलोग के रिहा कईल उ बतवनी ।
रिहा भईल कैदीलोग के अबिर टिका लगा के विदाई करत कारागार प्रमुख समाजिक करण के प्रकृया मे सफलता मिलो आ कउनो भी अपराधिक गतिविधि मे संलग्न ना होखे खातिर कामना सहित शुभकामना भी देहले रहनी ।
लागु औषध, भ्रष्टाचार, मानव तस्कर, सर्वोसहित जन्मकैद आ चेलीबेटि बेचविखन लगायत १९ किसिम क गम्भिर मुद्धा ह । ई मुद्धा मे ५० प्रतिशत कैद भुक्तान कईला पर भी आम माफि ना मिलेला ।
अभी पर्सा जिल्ला कारागार मे ९१ जने जनानी सहित १२७२ जने मेसे कैदीबन्दीलोग अनेकन मुद्धा मे जेल सजाय भुक्तान कर रहल बाडन ।
ई कारागार से पुरुष कैदीलोग के सिफारिस कईला पर भी कानुन बमोजिम मापदण्ड पुरा ना भईला के बाद जनानीलोग के आममाफी के खातिर सिफारिस ना कईल कारागार प्रमुख पोखरेल बतवनी ।
मन्त्रिपरिषद के सिफारिस मे राष्ट्रपति विद्यादेवी भण्डारी बियफे के दिने देशभरी के कारागार से २ सय ३३ कैदी रिहा के बाँकी कैद सजाय मिनाहा कईले रहनी । उ मेसे प्रदेश २ मे १२ जने कैदीलोग के सजाय मिनाहा कईल बा ।
प्रदेश २ के सप्तरी कारागार से २ जने, सिराहा कारागार से १ जने आ महोत्तरी कारागार से २ जने करके जम्मा १२ जने कैदी गणतन्त्र दिवस के अवसर मे रिहा भईल बाडन ।






