पर्सा मे आउर ४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज १५ जेठ
पर्सा जिल्ला मे ४ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन । पर्सा के पोखरीया नगरपालिकास्थित रामदेव साह कलवार स्कुल क्वारेन्टिन मे रहल ४ जने के पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।
पोखरीया नगरपालिका ९ घर भईल ३६, ४२, २१, ३९ बरीस के पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल गण्डक कोभिड हस्पिटल के कोओर्डिनेटर डा. उदयनारायण सिंह बतवनी । नारायणी अस्पताल मे उलोग के पीसीआर परीक्षण कईल रहे ।
उलोग चारु जने भारत से ९ दिन पहिले भारत से अ अईला से क्वारेन्टिन मे राखल रहे ।
क्वारेन्टिन मे ३१ जने रहला मे १४ जने के थ्रोट स्वाब के नमुना संकलन करके जेठ १३ गते परीक्षण के खातिर नारायणीस्थित ल्याब मे पठावल गईल रहे ।
जउना मेसे ४ जने के पोजेटिभ देखल गईल जानकारी खुद से मिलल पोखरीया नगरपालिका के नगर प्रमुख दिप नारायण रौनियार बतवनी ।
उलोग के ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल मातहत रहल गण्डक कोभिड अस्पताल मे लियावल गईल बा ।
एकरा सँगे गण्डक कोभिड अस्पताल मे ईलाज करा रहल कोरोना संक्रमित के संख्या ९ पुगल बा ।






