धनुषा मे लकडाउन उल्लंघन करत पाठ्यपुस्तक बाँटल गईल

जनकपुरधाम १५ जेठ
धनुषा मे लइकालइकी के जम्मा करके पाठ्यपुस्तक वितरण करेके क्रम रुकल नइखे । जिल्ला के शहीद नगरपालिका मे लईकालइकी के जम्मा करके पाठ्यपुस्तक वितरण करत आईल बा ।
पिछिलका बेर ई नगरपालिका भितर के एसएनआर जनता माध्यमिक विद्यालय लईकालईकी जम्मा करके पाठ्यपुस्तक वितरण कईले बाडन ।
वार्ड नम्बर ७ धबौली के ई विद्यालय से करिब दु सय से बेसी लईकालइकी के जम्मा करके शिक्षक पाठ्यपुस्तक वितरण कईले बाडन ।
कोरोना संक्रमण से बँचे खातिर जारी लकडाउन के उल्लंघन करत लईकालईकी के जम्मा कईल बा ।
वितरणमे खटल शिक्षक रबीन गोहीबार यादव प्रधानाध्यापक के निर्देशन मे लईकालइकी जम्मा कईल बतवनी । उ जम्मा कईला पर भी दुरी कायम करे खातिर बहुते प्रयास कईला पर भी लईकालईकी हि ना मानल बतवनी ।
प्रदेश २ मे कोरोना संक्रमित दिन पर दिन बढत गईला पर भी शिक्षक हि सचेत भईल नइखन ।
ई विद्यालय लकडाउन के उल्लंघन मात्र कईले नइखन ।
लइका से पाठ्यपुस्तक के नाम मे रोपेया भी असुली कईले बाडन । पाठ्यपुस्तक लेवे गईल किलास ९ के लइका पप्पु यादव खुद सँगे ४ सय ८० रोपेया लेहल बतवनी ।
किलास ८ मे अध्ययनरत नगिसा यादव पाठ्यपुस्तक मिलला मे ४ सय २० रोपेया तिरेके बतवनी । रोपेया ना देवेवाला लईकालईकी के विद्यालय से पाठ्यपुस्तक उपलब्ध करवले नईखन ।
पईसा लेहल जानकारी के बाद कुछ गारजियनलोग विद्यालय मे ताला लगवले बाडन । वार्ड सदस्य रासेन्द्र यादव पाठ्यपुस्तक बापत के रोपेया लेवेके कउनो भी निर्णय ना भईल बतवनी । उ व्यवस्थापन समिति से भी ओईसन कउनो निर्णय ना कईल बतवनी ।
विद्यालय से रोपेया लेहल सम्बन्ध मे जानकारी लेवे खातिर प्रधानाध्यापक श्रीप्रसाद गोहीबार सँगे बारम्बार टेलिफुन कईला पर भी उ फुन ना उठवनी ।





