विन्दबासिनी गाँवपालिका के कर्मचारीलोग तलब के माग करत कईलें तालाबन्दी

वीरगंज १८ जेठ

पर्सा जिल्ला के विन्दबासिनी गाँवपालिका के कर्मचारीलोग आजु गाँवपालिका के कार्यालय मे तालाबन्दी कईले बाडन ।

२०७६ सावन १ गते से वार्ड कार्यालय आ गाँवपालिका के निर्देशन मे काम कईला पर भी तलब ना मिलल कहत गाँवपालिका आ वार्ड कार्यालय मे कार्यरत कार्यालय सहायक, सामाजिक परिचालक, पशु प्राविधिक आन्दोलन मे उतरल बाडन ।

११ महिना से तलब ना मिलल कहत करार आ ज्यालादारी मे कार्यरत कर्मचारी गाँवपालिका के कार्यालय मे तालाबन्दी कईले बाडन ।

खुदसब के तलब ना मिलला पर कोरोना भाइरस के महामारी मे जीवन निर्वाह करेमे समस्या भईल, बेमार भईला पर ईलाज करे ना सकल आ भुखमरी मे पडेके खतरा रहला के चलेत बाध्य होके आन्दोलन मे उतरेके पडल आन्दोलनरत्त कर्मचारी रमेन्द्र थान तिवारी बतवनी ।

‘वार्ड कार्यालय मे कार्यरत सामाजिक परिचालक÷कार्यालय सहायकलोग के म्याद २०७६ असार मसान्त मे ओराईल माकिर सामाजिक परिचालक÷कार्यालय सहयोगीलोग के ई गाँवपालिका मे जरुरी भईला से ई आ.व. २०७६÷०७७ असार मसान्त तक क खातिर म्याद थप के कार्य निरन्तरता करेके तथा अनुमोदन करेके निर्णय कईल बा ।

माकिर तलब भत्ता ना देके झुला के रखले बाडन कहके तिवारी कहनी ।

४ जने सामाजिक परिचालक आ करिब ३० जने करार आ ज्यालादारी कर्मचारी गाँवपालिका मे बाडन ।

ई सन्दर्भ मे गाँवपालिका अध्यक्ष श्रीलाल साह कानु विशेष गाँव सभा होखे ना सकला पर कर्मचारी के खातिर बजेट निकासा करे ना सकल बतवनी ।

‘वीरगंज से लगे भईला से जिल्ला से समायोजन मे करार आ ज्यालादारी के बहुते कर्मचारी पालिका मे आईल रहलन ।

माकिर बाद मे संघ सरकार हि ज्यालादारी आ करार मे कर्मचारी ना राखेके कहला के बाद समस्या भईल बा’ कहत उ ‘उलोग काम कर चुकल बानी, ओहिसे आन्तरिक स्रोत से जउन सकल जाई व्यवस्था करेके तइयारी कईल गईल बा ।’

ई सन्दर्भ मे गाँवपालिका के नि.प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत मुन्ना कुमार रौनियार से सम्पर्क करेके खोजला पर फुन ना लागल से प्रतिक्रिया आवे ना सकल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।