खाद्यान्न लादेवाला गाडी से २२ लाख के गुट्खा बरामद
रौतहट १८ जेठ
रौतहट के गौर मे खाद्यान्न सामान लादल ट्रक से पुलीस दश हजार थान गुट्खा बरामद कईले बा ।
कपिलवस्तु के चन्द्रौटा से आईल लु २ ख ३३४३ नम्बर के ट्रक चेकजाँच करेके समय मे पुलीस करिब २२ लाख मूल्य बराबर के गुट्खा बरामद कईले बा ।
चाउर आ लुगा धोवेवाला सर्फ सँगे लोड करके लियावल अवस्था मे उ गुट्खा बरामद कईल रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक रविराज खडका बतवनी ।
बरामद कईल गुटखा गौर भन्सार पठावे के तइयारी हो रहल उ बतवनी ।





