प्रतिनिधिसभा ः उपयुक्त योजना के साथ कोभिड–१९ नियन्त्रण मे लागे खातिर निहोरा

काठमाण्डु १९ जेठ
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक मे सांसद कोभिड–१९ सङ्क्रमण के तथ्याङ्क देखला पर जोखिम बढ रहला से उपयुक्त योजना के साथ दायरा चाकर बना के नियन्त्रण के उपाय अपनावे के माग कईले बानी ।
प्रतिनिधिसभा के आजु के शून्य समय मे सांसद कोरोना सङ्क्रमण के दर वृद्धि हो रहल अवस्था मे परीक्षण आ व्यवस्थापन मे ओतने ध्यान देवेके बात मे जोड देहनी ।
सांसद अमृतादेवी अग्रहरी तराइ के अनेकन जिल्ला कोरोना सङ्क्रमण के उच्च जोखिम मे रहल उल्लेख करत अभी भी सरकार आइसोलेसन वार्ड के उचित व्यवस्था करे ना सकल कहके चिन्ता व्यक्त कइनी ।
उ खाए, रहेवाला जगहा के साथे सिपटी के भी उचित व्यवस्थापन करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।
सांसद अमृता थापा कोरोना सङ्क्रमण से सम्भावित नोक्सानी रोके खातिर जरुरी कार्ययोजना सहित अगाडि बढे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।
सांसद उमाकान्त चौधरी अव्यवस्थित आ मापदण्ड विपरीत के संरचना के चलते कोरोना उत्पादन करेवाला क्षेत्रके रुप मे क्वारेन्टिन देखल गईला से राहत, उद्धार आ परीक्षण मे ध्यान ना देहला पर कोरोना के साथे रोक आ भोक से भयावह स्थिति आवे सकेके देखल गईल बतवनी ।
सांसद उमा रेग्मी कोभिड–१९ के सङ्क्रमण ह्वात्तै बढत गईल आ ईलाज के खातिर अस्पताल पुगल गर्भवती पिसिआर रिपोर्ट ना लियावे तक ईलाज करावे सकेके अवस्था सिर्जना भईला मे दुख प्रकट कइनी । सभी अस्पताल से नियमित सेवा उपलव्ध करावे के व्यवस्था मिलावेके उ सभामुखमार्फत सरकार के निहोरा कइनी ।
सांसद डा अमरेशकुमार सिंह विपद् व्यवस्थापन मे सरकार से नेपाली सेना परिचालन करेके खोजल संविधान विरुद्ध भईल कहके आपत्ति जनवनी ।
सांसद कल्याणीकुमारी खड्का भारत से असुरक्षित आगमन भईला के चलते प्रदेश नं २ के स्थिति खतरापूर्ण बनत गईला से सीमा नाका मे पिसिआर परीक्षण करके मत्र आदमी के प्रवेशन करावे के व्यवस्था करेके तथा आइसोलेशन आ क्वारेन्टिन के क्षमता बढावे के माग कइनी ।
रुकुम घटना के दोषी उपर कारवाही के माग
सांसद रुकुम मे भईल घटना के छानबिन करके दोषी के कानूनबमोजिम कारवाही करेके माग कईले बानी ।
प्रतिनिधिसभा के आजु के शून्य समय मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के कृष्णभक्त पोखरेल रुकुम घटना के निष्पक्ष छानबिन करके दोषी उपर कडा कारवाही करेके माग कइनी ।
उ कहनी कि, “ई मानवता विरुद्ध के अपराध ह, विसं २०२० से जातभात के अन्त्य करेके अभियान शुरु भईल अवस्था मे अभी भी अईसन घटना आवल दुःखद् ह, त्रुटिपूर्ण सामाजिक मान्यता अन्त्य करेके पडि ।”
उ अईसन घटना के दोषी के अधिकतम दण्ड आ सभी के कानून के दायरा मे लियावेवाला किसिम से अगाडि बढल जरुरी रहल बतवनी । उहे दल के खगराज अधिकारी रुकुम घटना के दोषी उपर कारवाही होखेके बात मे जोड देहनी ।
नेकपा के इन्दुकुमारी शर्मा रुकुम के घटना मे नवराज विकलगायत उनकस साथी के हत्या भईल जिकिर करत दोषी उपर कडा कारवाही करेके माग कइनी ।
उ घटना से शिक्षा लेके दोहोरे ना देवे खातिर सभी सचेत होखेके पडि कहनी । उहे दल के कमला रोका नवराज विकसब से न्याय मिलेके बात मे सतर्क रहेके बात मे जोड देहनी ।
नेपाली काँग्रेस के गगनकुमार थापा संविधान मे दलित के हक के स्पष्ट व्यवस्था भईला पर भी रुकुम(पश्चिम) के घटना से नेपाली के अनुहार मे करिया पोतल बिचार रखनी ।
उ बन्दाबन्दी अवधि मे मात्र ३२ जने के एहितरे हत्या भईल जिकिर करत घटना के बारे मे संसदीय छानबिन समिति गठन करेके माग कइनी ।
सांसद बाँके मे भईल सवारी दुर्घटना मे पर के १२ जने के मृत्यु भईल उपर दुःख व्यक्त करत घायल के शीघ्र उपचार के व्यवस्था मिलावे खातिर सरकार से निहोरा कईले बानी ।





