वीरगंज से एक युवती के उद्धार
वीरगंज १७ कुवार
बेचबिखन मे परे लागल एक युवती के वीरगंज से उद्धार कईल गईल बा । सशस्त्र प्रहरी बल आ आफन्त नेपाल के संयुक्त टोली नुवाकोट घर भईल २२ बरीस के युवती के उद्धार कईले बा ।
बेचबिखन मे संलग्न रहल आरोप मे भारत के पूर्वी चम्पारण भुलाही के ३३ बरीस के मुन्ना आलम पकडाईल बाडन । आलमविरुद्ध पर्सा जिल्ला अदालत मे मंगर के दिने मानव बेचबिखन तथा ओसारपसार के मुद्दा मे म्याद थप करके अनुसन्धान शुरु कईल पुलीस जनवले बा ।
कुवार १७ गते वीरगंज महानगरपालिका–१७ अलौस्थित वैकल्पिक नाका से बुर्का पहिन के केहु भी ना चिन्हेवाला किसिम से उनका के भारत लेजाए लागल अवस्था मे सशस्त्र पुलीस रोकले रहे । ओकरा बाद आफन्त नेपाल के टोली बोलाके काउन्सिलिङ कईला पर उनका के बेचबिखन के खातिर लेजाएके खोजल आशंका भईल रहे ।
आलम बारा घर भईल २१ बरीस के अरविन्द राम सँगे मिल के युवती के सीमा पार करावेके तइयारी कईल खुलल बा । माकिर रामविरुद्ध मानव बेचबिखन मुद्दा दर्ता कईल नईखे ।
आलम आ युवतीबीच वितल कुछ बरीस से फेक फेसबुक आईडी से चिनजान भईल रहे । फेसबुक के माध्यम से प्रेम सम्बन्ध होके आलम युवती सँगे वियाह करेके बतवले रहलन । आलम खुद अविवाहित बानी क हके वियाह करेके झुटा आश्वासन देहल युवती बतवले बाडि । माकिर आलम के घर मे मेहरारु आ बच्चा रहल बाडन ।
युवती के कुवार १६ गते आलम फुन मार्फत काठमाण्डु से बोला के चितवन के भरतपुर मे भेट करके वीरगंज लिआईल रहलन । युवती के आलम के वास्तविक नाम भी जानकारी ना भईल मिलल आफन्त नेपाल के पर्सा जिल्ला संयोजक मनु राना जानकारी देहनी ।
‘सामाजिक संजाल के दुरुपयोग से अईसन भईल बा,’ कहत उ, ‘नेपाल के अनेकन जिल्ला के सोझासाझा बहुते चेलीलोग के दलाल अईसहि सजिलो से रोजगार के नाम मे, प्रेम वियाह के नाम मे फँसावेलन ।’
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक बेलबहादुर पाण्डे दु युवक मेसे प्रत्यक्ष संलग्न देखल गईला से आलमविरुद्ध मानव बेचबिखन मुद्दा मे म्याद थप करके अनुसन्धान शुरु कईल जानकारी देहनी । दोसर युवक के संलग्नता के बारे मे अनुसन्धान हो रहल उनकर कहनाम बा । उद्धार कईल युवती अभी आफन्त नेपाल के संरक्षण मे बाडि ।





