भीमदत्त बसपार्क के उद्घाटन।

भीमदत्तनगर, ७ माघ,
भौतिक पूर्वाधार तथा यातायातमन्त्री वसन्तकुमार नेम्वाङ यातायात क्षेत्र व्यवस्थित करे खातिर सङ्घ, प्रदेश आ स्थानीय तह के समन्वय मे सङ्घीय यातायात कानून निर्माण हो रहल बतवले बानी ।
कञ्चनपुर के भीमदत्तनगर स्थित आजु भीमदत्त बसपार्क के उद्घाटन करत मन्त्री नेम्वाङ तीन गो सरकार यातायात क्षेत्र के व्यवस्थान मे अग्रसरता लेरहल बतवनी ।
“सातु प्रदेश के यातायात विकासमन्त्री से सचिव तथा सरोकारवाला सँगे भी ई विषय मे छलफल के शुरुआत कईल गईल बा ।” मन्त्री नेम्वाङ कहनी कि, “यात्री के पडेवाला असुविधा आ बिमा सुरक्षा के व्यवस्थित करेके सन्दर्भ मे सरकार के ध्यान पुगल बा ।”
यातायात कम्पनी के समस्या, स्थिर पूँजी रुपान्तरण आ भाडा समायोजन के विषय मे भी छलफल हो रहल बतावत उ विषय जलदी व्यवस्थित होखेके उनकर कहनाम रहे । “एक बरीस पहिले से हि सरकार यातायात के क्षेत्र व्यवस्थित करेके सोंचले बा” उ कहनी कि, “संसद् मे भी ऐन पेश होके छलफल हो रहल अवस्था बा ।”
भीमदत्तनगर बसपार्क भारतीय शहरस्थित भी दूरी के हिसाब से लगे रहल कहत उ ई बसपार्क के बहुते महत्व रहल बतवनी । भीमदत्त नगरपालिका के स्वामित्व मे रहल बसपार्क आधुनिकीकरण के खातिर नगर विकास कोष से रु सात करोड ५० लाख कर्जा सहजोग रहल बा ।
चार सय बस अटेवाला क्षमता रहल बसपार्क मे सुरक्षा डेस्क के साथे यात्रु के सहजता के खातिर अनेकन सेवा प्रदान कर रहल बा ।
भीमदत्त नगरपालिका के प्रथम स्थापना दिवस के अवसर मे आयोजना कईल बसपार्क उद्घाटन समारोह मे महाकाली यातायात समिति के अध्यक्ष डम्बर पन्त महाकाली नदी मे रहल शारदा ब्यारेज (बनवासा पुल) १२ ओ घण्टा सञ्चालन मे लियावे के आ भीमदत्त बसपार्क के अन्तर्राष्ट्रिय बसपार्क के रुप मे विकास करे खातिर निहोरा कइनी ।






