सबैया सझोदारी बन से स्थानिय पुलीस आ बन कर्मचारी के मिलीभगत मे लकडी तस्करी

वीरगंज २० जेठ
विश्वभर महामारी के रुप मे फईलल कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) संक्रमण के समय मे पर्सा आ बारा जिल्ला के सामुदायिक बनसब से जङ्गल कटान तेजी रुप से बढ रहल स्थानियबासीलोग बतवले बाडन ।
कोरोना के डर से घर से बाहर निकले ना सकेवाला मौका के फायदा उठावत वन तस्करलोग रात के समय मे वन के कर्मचारी आ पुलीस प्रशासन के मिलीभगत मे वन कटानी सुरु हो रहल स्थानियबासीलोग आरोप लगवले बाडन ।
पर्सा जिल्ला के सबैया सझोदारी बन विरुवागुठी से वन के कर्मचारीलोग के मिलीभगत मे रात के समय मे खास करके सखुवा, सतिसाल के काँच गाछि काट के तस्करलोग साईकल, ट्रयाक्टर आ ठेलागाडा मे राख के समिल तक पुगा रहल स्थानिय राजेन्द्र चौधरी बतवनी ।
तस्करी के समय मे वन बाहर टियुटि मे खटेवाला सशस्त्र प्रहरी, नेपाल प्रहरी आपन कार्यालय से बाहर ना निकल के तस्करलोग के तस्करी करेमे सहज बनावे के काम करत आईल अनेकन समय मे आरोप लागत आईल बा ।
जिल्ला बन कार्यालय पर्सा के कुछ कर्मचारीलोग के हि समिल मे तस्करी के लकडी आ रहला से जिल्ला बन कार्यालय भी चुपचाप देख रहल समाचार स्रोत के दाबी रहल बा ।
एहितरे बारा जिल्ला के जितपुर सिमरा उप महानगरपालिका औराहा स्थित प्रगतिशील सामुदायिक वन मे तेजी से कटानी हो रहल बा ।
वन तस्करलोग के साथे कुछ गाँवके लोग भी वन तस्करी कर रहल स्थानीय युवालोग के कहनाम बा ।
वन संरक्षण के खातिर खटेवाला प्रगतिशील सामुदायिक वन समिति के पदाधिकारीलोग के लापरवाही के चलते तस्कर तथा स्थानीयलोग वन तस्करी करेमे लागल बाडन ।
बितल हप्ता आईल आँधी के नाम मे गाछिसब गिरल कहके हरिहर सखुवा के गाछि काट के तस्करी कर रहल बाडन ।
अन्दाजी २ सय ५० हेक्टर मे फईलल उ वन मे सतिसाल के गाछि संरक्षित गाछि ह । वन मे सतिसाल के गाछि सँगे मसाला के गाछि, जामुन, सिरिस, बोर्ड धमेरो लगायत के गाछिसब रोपल बा ।
सतिसाल के लकडी के माग बढ रहल आ महंगा दाम मे विक्री हो रहला के चलेत तस्करलोग सखुवा आ सतिसाल के लकडीओरी बेसी आकर्षित भईल देखल ईल बा ।






