वीरगंज मे कोरोना जित के १८ जने घर फिर्ता गईलें

वीरगंज १७ सावन,
वीरगंज के कोभिड अस्पताल से शुक के रात १८ जने संक्रमित ठिक होके डिस्चार्ज भईल बाडन ।
कोभिड अस्पताल मे ईलाज करा रहल ६२ जने मेसे शुक के रात १८ जने डिस्चार्ज भईल अस्पताल के कोर्डिनेटेर डाक्टर उदयनारायण सिंह जानकारी देहनी ।
कोभिड अस्पताल मे लिया के राखला के बाद दुसरका बेर के पीसीआर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल आ स्वास्थ्य मे कउनो भी समस्या ना देखल गईला के बाद १५ पुरुष आ ३ जनानी करके १८ जने के डिस्चार्ज कईल डाक्टर सिंह बतवनी ।
शुक के रात डिस्चार्ज कईला मे १ जने निमोनिया भईल संक्रमित भी बाडन ।
निमोनिया के समस्या भी रहल वीरगंज ५ के ४७ बरीस के पुरुष के संक्रमण पुष्टि भईला के बाद १० दिन पहिले उनका के कोभिड अस्पताल मे लिया के राखल गईल रहे ।
१० दिन तक चलल ईलाज के बाद निमोनिया भी ठिक भईल आ पीसीआर रिपोर्ट भी नेगेटिभ अईला के बाद शुक के रात उनका के भी डिस्चार्ज कईल कोभिड अस्पताल के चिकित्सक डाक्टर निरज सिंह बतवनी ।
एशुक के रात मारुती फार्मास्यूटिकल प्रालि के प्रबन्धक सहित ८ जने भी ठिक होके डिस्चार्ज भईल बाडन ।
एहितरे बितल सावन १५ मे २ जने आ सावन १३ मे ५ जने ठिक होके कोभिड अस्पताल से डिस्चार्ज भईल रहलन ।
शुक के रात १८ जने डिस्चार्ज भईला के बाद कोभिड अस्पताल मे अब ४४ जने मात्र संक्रमित बाडन ।
उ मेसे गम्भीर अवस्था के ४ जने के आइसियु मे राख के ईलाज कर रहल डाक्टर सिंह जानकारी देहनी ।






