इन्धन लादेवाला ट्यांकर मे लागूऔषध मिलल, डाईबर आ खलासी पुलीस हिरासत मे

वीरगंज २५ जेठ
कोरोना भाइरस नियन्त्रण आ रोकथाम के खातिर भारत मे लकडाउन सहज कईला पर भी नेपाल लकडाउन के कडाइ हि रखले बा ।
नेपाल के सीमा क्षेत्र मे जरुरी बाहेक के सवारी साधन आवागमन बन्द कईल बा । माकिर लागूऔषध ढुवानी मे संलग्न आदमीसब जरुरी समान ढुवानी करेवाला सवारी साधान के भी प्रयोग करे लागल बाडन ।
लकडाउन से पहिले पैदल यात्रीलोग देह मे लपेटके लागूऔषध ढुवानी कर रहल अधिकांश घटना सार्वजनिक होत रहे ।
माकिर शनिचर के दुपहरिया लकडाउन के समय मे भारत के रक्सौल से इन्धन लादेवाला ट्यांकर मे लागूऔषध लिया रहल समय पकडाईल बा ।
ट्यांकर डाईबर बारा के जितपुर सिमरा–२१ अमलेखगंज रहेवाला २६ बरीस के विशाल खड्का आ खलासी १८ बरीस के देवकुमार वल के पुलीस हिरासत मे लेहले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका–१६ स्थित रजत जयन्ती चोक मे ना ७ ख ९७४४ नम्बर के ट्यांकर चेकजाँच कईला पर लागूऔषध विनरेक्स १ सय एमएल के ८ बोतल बरामद भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
उलोग लागूऔषध के ५ सय लिटर के माउन्टेन ड्यू आ १ लिटर मिनिरल वाटर के बोतल मे खाली करके रखले रहलन ।
‘चेकजाँच के समय मे स्टेरिङ के निचे प्लास्टिक के झोरा मे कुछ सामान देखल गईल, काथि बा कहके पुछला पर जुस ह कहके बोतल देखवलें,’ चेकजाँच मे संलग्न प्रहरी अधिकारी कहनी, ‘खोल के देखला पर लागूऔषध रहे ।’
सुरु मे डाईबर खलासी जुस हि कहके जिद्धि कईला के बाद लागूऔषध भईल स्वीकार कईला के बाद बरामद कईल उ बतवनी ।
लागूऔषधसहित पकडाईल दुनु जने के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राख के जरुरी अनुसन्धान कर रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम थापा जानकारी देहनी ।






