कर्पोरेट बैंक जबरजस्ती व्याज आ किस्ता असुली कर रहल

वीरगंज २६ जेठ,
वीरगंज आदर्शनगर स्थित कर्पोरेट डेभलपमेन्ट बैंक लकडाउन के समय सेवाग्राहीलोग से जबरजस्ती व्याज तथा किस्ता वापत के रकम असुली कररहल सेवाग्राहीलोग सिकाईत कईले बाडन ।
अनेकन व्यापार, व्यावसाय संचालन करे खातिर, गाडी किनेके तथा तथा घर निर्माण के खातिर कर्जा लेहल आदमीसब से लकडाउन के समय भी बैंक जबरजस्ती व्याज तथा किस्ता असुली कर रहल सिकाईत सेवाग्राहीलोग के रहल बा ।
कोरोना संक्रमण के चलते विश्व आक्रान्त बन रहल अवस्था मे बैंकसब के भी आपन व्यापार संचालन करेमे लागल बाडन ।
कोरोना संक्रमण नियन्त्रण के खातिर करिब तीन महिना से नेपाल लकडाउन के अवस्था मे सर्वसाधारण, व्यापारीलोग के व्यापार संचालन ना भईला से आर्थिक अवस्था हि तहस नहस बनल बा ।
ई अवस्था मे भी वीरगंज के बैंकसब सेवाग्राहीलोग से किस्ता वापत के रोपेया बुझावे खातिर दबाव देत आईल बाडन ।
लकडाउन के चलते दैनिक जीवन यापन करेमे भी समस्या हो रहल समय उ बैंक लकडाउन खुल चुकल कहत किस्ता बुझावे खातिर सेवाग्राहीलोग के दबाब देत किस्ता असुल रहल बाडन ।
लकडाउन अवधिभर के कर तथा बैंक व्याज, किस्ता मिनहा करे खातिर चौतर्फि माग हो रहल समय नेपाल सरकार ई माग के सम्बोधन करे से भी बाँकी महिना के किस्ता व्याज असुली करेके दाव मे कर्पोरेट बैंक काम कर रहल अवस्था मे बा ।
बैंक के कर्मचारीलोग सेवाग्राही के हरेक दिन फुन करके किस्ता बुझावे खातिर दबाब देत आईल बाडन ।
वर्तमान अवस्था मे एक दिन के खाना पुगला पर दोसर दिन के खातिर समस्या हो रहल अवस्था मे बैंक के किस्ता बुझावे के दबाव से सेवाग्राहीलोग आर्थिक तनाव के साथे मानसिक तनाव भी सहेमे बाध्य बाडन ।
तीन महिना के लकडाउन समय के बारेमे नेपाल सरकार तथा नेपाल राष्ट्र बैंक कउनो ठोस निर्णय करे ना सकला के चलते एकर प्रत्यक्ष चपेटा मे सर्वसाधारणलोग पडल बाडन ।
वितल चईत, वैशाख दु महिना तक बैंकसब किस्ता तथा व्याज बुझावे के बारेमे खासै दबाब ना देहला पर भी नेपाल सरकार आर्थिक मन्त्रालय राजस्व विभाग असाढ ७ गते तक कर विवरण आ सभी कर बुझावे के सूचना जारी कईला सँगे बैंकसब भी व्याज तथा किस्ता बुझावे खातिर सेवाग्राहीलोग के तनाव देवे लागल बाडन ।






