नेपाल तरुण दल पर्साद्धारा स्व. पटेल के दुसरका स्मृति दिवस मे श्रद्धाञ्जलीसभा

वीरगंज २७ जेठ
कोरोना भाइरस महामारी के चलते देश लकडाउन के अवस्था मे रहल बा ।
लकडाउन के पालना करत नेपाल तरुण दल पर्सा के तत्कालीन अध्यक्ष स्व. बिरेन्द्र पटेल के दुसरका स्मृति दिवस के अवसर मे नेपाल तरुण दल पर्सा आजु श्रद्धाञ्जलीसभा कईले बा ।
नेपाली कांग्रेस पर्सा के पार्टी कार्यालय बीरगंज मे आयोजना कईल श्रद्धाञ्जली सभा मे सहभागीलोग उनका उपर श्रद्धासुमन अर्पण कईले रहलन ।
कार्जक्रम मे स्व. बिरेन्द्र पटेल ई समाज आ पार्टी मे कईल योगदान के चर्चा करत उनकर सम्झना मे मौन धारण भी कईल रहे ।
नेपाल तरुण दल पर्सा के सचिव बिबेक कुमार चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस पर्सा के सचिव श्याम पटेल, बूथ सभापति अनिल श्रीवास्तव, तरुण दल के केन्द्रिय पार्षद हुकुम सिंह, महाधिवेशन प्रतिनिधि साबिर अहमद, तरुण दल के क्षेत्रीय अध्यक्षलोग अनिल यादव, फणीन्द्र पटेल, दशरथ पटेल, महानगर अध्यक्ष अजय गुप्ता, उपाध्यक्ष जङ्बहादुर पटेल, जिल्ला सदस्यलोग मिकु सिंह, सुशील साह, उपनेश चौरसिया, माट्रिका आइ फोउन्डेसन के डा. महेश सिंह धामी, ने.बि.संघ के पुर्ब संयोजक दिलिप राज कार्की, तरुन दल के वार्ड अध्यक्ष बाबुनन्द पटेल, राहुल श्रेष्ठ लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





