प्रदेश २ मे थपईलें १८५ जने कोरोना संक्रमित

वीरगंज ०२ असाढ,

प्रदेश २ मे ७ जनानी सहित १ सय ८५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सप्तरी मे ३ जने, सिराहा मे २ जने, धनुषा मे २१ जने, महोत्तरी मे ८९ जने, सर्लाही मे १६ जने, रौतहट मे ५२ जने आ पर्सा मे २ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल सामाजिक विकास मन्त्रालय जनवले बा । एकरा सँगे प्रदेश २ मे संक्रमित के संख्या २ हजार ३ सय ६७ जने पुगल बाडन ।

महोत्तरी के मठियानी नगरपालिका के १३ बरीस के एक बालक, १९ से ५१ बरीस तक के ५ जने पुरुष, महोत्तरी के लोहरपट्टी नगरपालिका के २६ आ २७ बरीस के २ जने पुरुष, औरही नगरपालिका के २८ बरीस के एक जनानी, औरही के १८ से ४० बरीस तक के ८ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

रौतहट के यमुनामाई नगरपालिका के १५ से ४० बरीस उमिर समूह के ५ जने पुरुष, बौधीमाई नगरपालिका के ८ आ १२ बरीस के दु जने लइकी, उहे नगरपालिका के १८ बरीस के एक किशोरी आ २८ बरीस के २ जने जनानी, बौधीमाई के १९ से ६० बरीस तक १५ जने पुरुष, १ से १८ बरीस उमिर समूह के १३ जने पुरुष मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

पर्सा मे वीरगंज उपमहानगरपालिका के २३ आ ३१ बरीस के पुरुषसब मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सप्तरी के ३ जने, सिराहा के २ जने, महोत्तरी के ७२ जने, सर्लाही १६ जने, रौतहट के १४ जने आ धनुषा के २१ जने संक्रमित के आउर विवरण आवेके बाँकी बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।