वीरगंज के सुन्दर आ व्यवस्थित बनावे ला अभियान चलावल जाई

वीरगंज ०७ असाढ
वीरगंज के सुन्दर आ व्यवस्थित बनावे खातिर अभियान सुरु करेके जनावल गईल बा । अभियान मे कोरोना भाइरस संक्रमण नियन्त्रण तथा रोकथाम के खातिर सचेतनामूलक कार्जक्रम भी सञ्चालन कईल जाई ।
समुदाय प्रहरी साझेदारी कार्जक्रम अन्तर्गत जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा वीरगंज महानगरपालिका, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ, व्यवस्थित वीरगंज अभियान लगायत से सहकार्य करत अभियान सञ्चालन करे लागल बा ।
उद्योग वाणिज्य संघ, बैङ्कर्स एसोसियसन, जवाफदेहिता के खातिर हमनी के अभियान, वीरगंज युवा समाज, सानो पाइला, भोलिन्टियर ग्रुप लगायत ४१ गो सरकारी तथा गैरसकारी संघ संस्था अभियान मे सहजोग करे खातिर सहमति जनवले बाडन ।
विश्वभर महामारी के रुप मे फईलत गईल कोरोना भाइरस के संक्रमण रोकथाम के खातिर विविध जनचेतनामूलक कार्जक्रम करेके, पर्सा मे शान्ति सुरक्षा तथा अमन चयन कायम राखे खातिर समुदाय प्रहरी साझेदारी मे अभिवृद्धि करेके, सरोकारवाला के हि जिम्मेवार बनावेके, अपराध अनुसन्धान, अपराध रोकथाम तथा नियन्त्रण करे खातिर आ आपराधिक गतिविधि के निष्पक्ष अनुसन्धान करके दोषी के कानुनी दायरा मे लियावे खातिर समुदाय के हि जिम्मेवार बनावेके, जनानी तथा लईकालइकी एवं आउर जोखिम मे रहल समुदाय के संरक्षण के खातिर अनेकन अल्पकालीन आ दीर्घकालीन कार्जक्रम करेके उद्देश्य से अभियान सञ्चालन कर रहल प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त बतवनी ।
अभी सीसीटीभी देख के अपराधी पकडे सकेके अवस्था नइखे, प्रतिबन्धित दवाईसब सीमापारि सहजे मिलेला । सवारी पार्किङ व्यवस्थित ना भईला से वीरगंज अस्तव्यस्त देखल गईल बा,’ कहत एसपी पन्त, ‘समुदाय सँगे करेवाला सहकार्य, समझदारी, सहमति आ सद्भाव के विकास हि व्यवस्थित वीरगंज के खातिर समुदाय प्रहरी साझेदारी के परिकल्पना कईल गईल बा ।’
पहिलका चरण मे, वीरगंज के फुटपाथ, सडक, फलफूल तथा तरकारी बजार व्यवस्थित करे खातिर तत्काल पहल करेके, लागुपदार्थ के ढुवानी, दुर्व्यसन नियन्त्रण के खातिर जरुरी कदमसब चालेके, मोटरसाइकल चोरी, लुटपाट आदि जईसन समस्या आवे ना देवेके तइयारी कईल बा ।
ओकरा खातिर एसपी पन्त एतवार के दिने सबेरे सरोकारवाला के बोलाके अभियान के बारे मे जानकारी भी करवले बानी ।
रामजानकी मन्दिर आ बिमा संस्थान के जमिन भी भाडा मे लेके पार्किङ के खातिर प्रयोग करे के तइयारी महानगर के बा ।
वन वे निर्धारण, पार्किङस्थल छनौट, वन साइड पार्किङ आ रोड फर्निचर लगायत के काम के खातिर महानगर से सहकार्य हो रहल ट्राफिक प्रहरी निरीक्षक कमलराज पण्डित बतवनी ।
दु बरीस मे वीरगंज के देखे लायक बनाएम ः सरावगी
वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी पहिले मानसिकता मे परिवर्तन लिया के मात्र वीरगंज मे परिवर्तन सम्भव भईल बतवनी ।
संघ संस्था आ नागरिक समाज साथ देहला के चलते वीरगंज पीसीआर मेसिन किने सकल बतावत उ सभी के साथ मिलला पर दु बरीस मे वीरगंज के देखे लायक बनावे के दाबी कइनी ।
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया काम भी ना करेके आ आलोचना मात्र करेके परिपाटी के अन्त्य होखेके जरुरी रहल बतवनी ।
‘खुसी खुसी जउन कर सकत बानी करीं, करे ना सकेवाला हिम्मत भी नाकरीं, दोसर के आलोचना मात्र करके ना रहि,’ कहत अध्यक्ष केडिया, ‘सीसीटीभी जडान के खातिर वीरगंज मे पईसा के कमी नइखे पुग नपुग व्यवस्था कईल जा सकता । हमनी सहजोग करे खातिर तइयार बानी ।’






