माछा सुपर जोन प्रमुख विहिन, काम काज बन्द

प्रभु यादव

बारा २७ माघ

बारा के कलैया मे रहल प्रधानमन्त्री आधुनिकिकरण परियोजना कार्यन्वयन ईकाई कार्यालय माछा सुपर जोन कार्यालय प्रमुख विहिन बनल बा ।

सुपर जोन के प्रमुख वरिष्ठ कृषि अधिकृत डाक्टर सुरेन्द्र यादव के ग्रामिण उधम तथा आर्थिक विकास आयोजना बद्रीवास महोतरी मे सरूवा होके वियफे के दिन रवाना लेके गईला से कार्यालय प्रमुख विहिन बनल बा । कृषि तथा पशुपन्छी विकास मन्त्रालय से डाक्टर यादव के सरूवा कर देहल माकिर सुपर जोन मे केहुके ना भेजला से कामकाज थप भईल नियमित प्रमुख के जिमेवारी बुझल लेखापाल छोटेबाबु यादव जनकारी करावले बानी ।

माघ २१ गते सरूवा के पत्र आईल आ २७ गते रवाना लेके डाक्टर यादव वर्दिबास गईल बानी कार्यालय जनकारी करावले बा । माघ २ गते कृषि अधिकृत दिपक कुमार मिश्र तरकारी जोन रौतहट मे सरूवा होकर के गईला वाद प्रमुख यादव के भि सरूवा भईला से कार्यालय के मुख्य जिम्मेवारी कामकाज ना होखे सकला से कार्यालय के कामकाज थप रही कर्मचारी सब के कहनाम रहल बा ।

कार्यालय मे लेखापाल, कारार के कर्मचारी सव ईन्जिनियर अशोक कुमार यादव, ल्याव टेकनेसियन राजकिशोर यादव, कम्युटर अपरेटर शैलेन्द्र साह आ दु जने कार्यालय सहजोगी रहल बाडन माकिर जिम्मेवार प्रमुख ना भईला से कार्यालय सञ्चालन होखेवाला कार्जक्रम सब ना भईला से किसान लोग के सेवा सुविधा ना मिल सके के भईला से निरास बनल सेवा लेवे आईल रामबाबु साह जनकारी करावले बानी ।

एकाउन्टेन्ट यादव के दरबन्दी सुपर जोन मे भईल माकिर कर्मचारी अपुग भईला से बारा के मालपोत कार्यालय कलैया के थप जिम्मेवारी बहन करे के परहल जनकारी कार्यालय देहले बा । सरूवा भईल कार्यालय प्रमुख डाक्टर यादव से जनकारी लेहला पर नेपाल सरकार से जिम्मेवारी मिलल जगह के कामकाज मे नियतह जायके परल ओह अनुसार आपने जारहल बानी कुछ दिनमेही कार्यालय प्रमुख अईवे करीहे जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।