नागरिकता के ७ बरीस के प्रावधान विरुद्ध जनकपुर मे प्रधानमन्त्री के पुत्ला जरल

जनकपुरधाम ८ असाढ
नागरिकता विधेयक मे नेपाली पुरुष से वियाह करेवाला विदेशी जनानी के ७ बरीस के बाद मात्र नागरिकता देवेके विषय राखल विरोध मे सोमार के सँझिया जनकपुरधाम मे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के पुत्ला जरावल गईल बा ।
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) सात बरीस के बाद अंगीकृत नागरिकता देवेके निर्णय कईला के बाद ओकर बिहान भईला संसद के राज्य व्यवस्था समिति नागरिकता विधेयक मे सहमति जुटवले रहे ।
स्थानीय भानु चोक मे जम्मा भईल जनता समाजवादी पार्टी निकट जनानी तथा युवा प्रधानमन्त्री ओली के पुत्ला जरवले बाडन । पुत्ला जरईला के बाद आईल पुलीस पानी बिग के आगी बुतवले रहे ।
पु्त्ला जरावे से पहिले जनता समाजवादी पार्टी के जनानीलोग भानु चोकस्थित सडक जाम करके प्रधानमन्त्री विरुद्व नाराबाजी कईले रहलन ।
उलोग ‘७ बरीस के बाद देवेवाला अंगीकृत नागरिकता विधेयक खारेज कर, नेपाल–भारत बीच के रोटी–बेटी सम्बन्ध अमर रहे, प्रधानमन्त्री ओली मुर्दावाद’ सहित के नारा लगईले रहलन ।






