नागरिक्ता ऐन के बिरोध मे जीराभवानी मे नेका प्रधानमन्त्री ओली के पुत्ला जरवलख

मेघराज राय
जीराभवानी १३ असाढ
पर्सा के जीराभवानी गाँवपालिका मे नागरीता ऐन के बिरोध करत आजु जीराभवनी गाँवपालिका मे काँग्रेस पार्टी के प्रदेश सभा सदस्य शंकरप्रसाद महतो के अध्यक्षता मे सयो के संख्या मे मोटरसाइकल सहित बिरोध जुलुस तथा परिक्रमा कईले रहलन ।
प्रतिनिधि सभा मे भारतीय जनानी नेपाल मे बियाह कईला पर सात बरीस के बाद मात्र नागरिता मिलेके बिधेयक अईला से ओकर बिरोध मे जगह जगह मे बिरोहत होत आजु पर्सा के जीराभवानी गाँवपालि के सेढवा से उ जुलुस गाँवपालिका के अनेकन वार्ड परिक्रमा करके महादेवपट्टि के बलुवा मे जाके प्रधानमन्त्री केपि शर्मा ओली के पुतला जरवले रहलन ।
जुलुस मे मधेस बिरोधी सरकार मुर्दावाद, केपि ओली मुर्दाबाद, नागरिक्ता बिधेक खारेज गर लगायत अङ्कित प्लेकार्ड लेहले रहलन ।
जुलुस मे प्रदेश सभा सदस्य शंकर चौधरी, वार्ड नम्बर एक के वार्ड अध्यक्ष सेख नुमान आजम, नेपाली काङ्ग्रेस के गाँवपालिका सभापति महदेव महतो थारु लगायत सयो के सहभागीता रहल रहे ।





