अन्तर्राष्ट्रिय नारी दिवस मे वीरगंज जेसिसद्वारा चार जनानी सम्मानित

अन्तर्राष्ट्रिय नारी दिवस मे वीरगंज जेसिसद्वारा चार जनानी सम्मानित

वीरगंज २४ फागुन

११५ वाँ अन्तर्राष्ट्रिय नारी दिवस के अवसर मे वीरगंज जेसिज चार जने नारी के सम्मानित कईले बा ।

शनिचर के दिने वीरगंज पब्लिक कलेज के सभाकक्ष मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे वीरगंज जेसिस के संस्थापक उषा शाह, नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के उपसभापति मधु राणा, जनानी अधिकारकर्मी श्रीला सरकार आ प्रहरी जवान कमला कुमारी तमाङ के सम्मानित कईले बा ।

कार्जक्रम मे पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी गणेश अर्याल उलोग के दोसल्ला ओढाके कदरपत्र प्रदान करत सम्मानित कईनी । कार्जक्रम मे बोलत प्रमुख जिल्ला अधिकारी अर्याल जनानीलोग उपर के विभेद अन्त्य के खातिर घर से सुरुवात करेके बतवनी । उ जनानी उपर हिंसा आ विभेद करेवाला के सामाजिक बहिस्कार के अभियान सुरु करे खातिर भी निहोरा कईनी । वीरगंज जेसिस बर्ष २०२५ के अध्यक्ष सरोज चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक गौतम मिश्र, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के पूर्वअध्यक्ष गोपाल केडिया, वीरगंज युवा समाज के संस्थापक अध्यक्ष कमल चौगाई, सिमरा जेसिस के अध्यक्ष द्वारिका पौडेल, मानव सेवा आश्रम के देवेश गुप्ता लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।