वीरगंज से २१ जने कोरोना संक्रमित डिस्चार्ज

वीरगंज १४ असाढ
वीरगंज स्थित गण्डक कोभिड अस्पताल से आजु २१ जने कोरोना संक्रमित डिस्चार्ज भईल बाडन ।
कोभिड अस्पताल के कोओर्डिनेटर डा. उदयनारायण सिंह के मुताविक आजु तीन जने जनानी सहित २१ जने संक्रमित डिस्चार्ज भईल बाडन ।
पिछिलका दु रिर्पोट नेगेटिभ अईला के बाद उलोग के डिस्चार्ज कईल डा. उपाध्याय बतवनी ।
डिस्चार्ज होखेवाला मे पर्सा के विन्दवासिनी गाँवपालिका के १० जने, पोखरिया नगरपालिका के ५ जने, पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका के दु जने, पर्सागढी नगरपालिका के, धोविनी, सखुवा प्रसौनी आ जिराभवानी गाँवपालिका के एक÷एक जने रहल उ बतवनी ।
कोरोना ठिक होके २१ जने डिस्चार्ज भईला सँगे अस्पताल मे ६ जने संक्रमित ईलाज करा रहल सिंह बतवनी ।






