रौतहट मे एक मठ के पुजारी उपर सांघातिक आक्रमण, एक जने पकडईलें

मेवालाल यादव
रौतहत २२ भादो,
रौतहट मे हत्या, हिंसा, अपराध, चोरी जईसन घटनासब हरेक दिन बढत जा रहल बा ।
पुलीस के चुनौति देत अनेकन घटनासब घट रहल बा । बियफे के रात एक मन्दिर के पुजारी (साधु) उपर सांघातिक आक्रमण भईल बा । जिल्ला के दुर्गा भगवती गाँवपालिका वार्ड नं.३ देवीपर्सा टोल स्थित श्री रामजानकी मन्दिर के पुजारी मिश्रीलाल साह उपर सांघातिक आक्रमण भईल बा ।
उहे जगहा के स्थानीय उमेश साह के मुताविक बियफे के रात करिब ११ बजे रात खाना पकावेके समयमे अज्ञात समुह पुजारी साह के मुडि पर चोख हथियार से प्रहार कईले रहलन । साधु साह उपर आक्रमण भईल जानकारी के बाद स्थानीयलोग ईलाज के खातिर अस्पताल पुगवले रहलन । अभी उनकर ईलाज पिपरा बजार स्थित बागमती अस्पताल मे हो रहल बा । रौतहट के प्रहरी उपरिक्षक (एसपी) महेन्द्र कुमार श्रेष्ठ साधु उपर आक्रमणबारे जानकारी मिलला के बाद पुलीस पठावल बतवनी । आक्रमण के आ काहे कईलन कहके पूर्ण रुपमे खुले ना सकला पर भी उहे जगहा के एक जने आदमी पहिले से डरधाक देखावत आईल जनावल गईल बा ।
मठ के पुजारी पुजा कईला पर सबेरे भजन किर्तन करेवाला गित संगित बजईला पर उ आदमी के डिसर्टब होखेके आ अईसन ना करे खातिर बारम्बार कहला पर भी पुजारी आपन पुजापाठ जारी राखल बतावल गईल बा ।
उ चलते पहिले से हि दुनु जने बीच झगडा भईल बतावल गईल बा । उहें खिंस के चलते बियफे के दिने मठ के मठाधिस(महन्त)साह उपर सांघातिक हमला करके ज्यान मारेके उदेश्य से चोख हथियार से काटके भागल प्रहरी उपरिक्षक श्रेष्ठ जानकारी देहनी ।
फरार भईल आदमी के खोजे खातिर पुलीस खटावल गईल आ जलदी पकडके कानुनी दायरा मे लियावेके बतवनी । प्रहरी उपरिक्षक श्रेष्ठ के करिब एक हप्ता ना बितत अईसन घटना घटल एक चुनौति भी रहल बतवनी ।
घटना मे संलग्न रहल आरोप मे पुलीस पुजारी साह के पडोसी पलधारी साह के शुक के दिने पकडके अनुसन्धान सुरु कईले बा । पलधारी सहित के समूह रात के ११ बजे मिश्रीलाल के हथियार प्रहार करके फरार भईल ईलाका प्रहरी गंगापिप्रा जानकारी देहले बा ।
पीडित साह के किटानी के आधार मे पलधारी के पकडल गईल ईलाका प्रहरी कार्यालय जनवले बा । घटना मे आउर आदमी के संलग्नता रहल हो सकेके कहत पुलीस खोजतलास जारी राखल जनवले बा ।






