प्रदेश के मन्त्री भी नागरिकता विधेयक विरुद्ध आन्दोलन मे उतरलें

जनकपुरधाम १६ असाढ
नागरिकता विधेयक के विरोध मे जनता समाजवादी पार्टी से कईल प्रदर्शन मे प्रदेश २ सरकार के मन्त्री भी सहभागी भईल बाडन ।
जनकपुरधाम मे भईल प्रदर्शन मे भौतिक पूर्वाधार तथा विकास मन्त्री जितेन्द्र सोनल, आन्तरिक मामिला तथा कानुन मन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव आ भूमि, व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्री शैलेन्द्र साह सहभागी भईल रहनी ।
स्थानीय जनक चोक से निकालल विरोध जुलुस जनकपुरधाम के अनेकन क्षेत्र पुग के फेनु जनक चोक मे आके कुछ देर धर्ना देके कोण सभा मे परिणत भईल रहे । प्रदर्शन मे सहभागी भईल मन्त्री धर्ना बईठके फिर्ता भईल रहनी ।
कोणसभा मे संघीय सांसद उमाशंकर अरगरिया, प्रदेश सांसद रामाशिष यादव, परमेश्वर साह, जनकपुरधाम उप महानगरपालिका के प्रमुख लालकिशोर साह सहित के लोग आपन आपन बिचार राखत नागरिकता विधेयक मे रहल नेपाली नागरिक पुरुष से वियाह करेवाला विदेशी जनानी के ७ बरीस के बाद मात्र नागरिकता देवेके व्यवस्था ना सँचियावे तक आन्दोलन करेके बतवनी ।
प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह आपन गृह जिल्ला सप्तरी मे आयोजना कईल प्रदर्शन मे सहभागी भईल रहनी ।
सदरमुकाम राजविराज मे जनता समाजवादी पार्टीद्वारा निकालल विरोध मे सहभागिता जनावत मन्त्री साह स्थानीय जनआन्दोलन चोक मे आयोजना कईल कोणसभा मे भाषण भी कईले रहनी ।
साह नागरिकता विधेयक ना सँचियावे तक आन्दोलन जारी रहेके बतवनी ।
नागरिकता विधेयक के विरोध मे आजु प्रदेश के सभी जिल्ला मे प्रदर्शन भईल जनता समाजवादी पार्टी जनवले बा ।
नागरिकता विधेकविरुद्व जनता समाजवादी पार्टी, नेपाली कांग्रेस आ जनमत पार्टी मधेस के अनेकन जिल्ला मे आन्दोलन करत आईल बा ।





