कोरोना संक्रमित के ईलाज मे खटल स्वास्थ्यकर्मी आ सरसफाईकर्मी के सम्मान कईल गईल

भोटा संवाददाता, वीरगंज २२ असाढ,
कोरोना संक्रमित के ईलाज तथा सेवा मे अग्रपंक्ति मे रह के काम कईल स्वास्थ्यकर्मी आ सफाइकर्मी के सम्मान कईल गईल बा । वीरगंज मे सरसफाइ आ वातावरण प्रदुषण नियन्त्रण मे काम करत आईल प्रकृति सेवा प्रतिष्ठान आजु स्वास्थ्यकर्मी आ सफाइकर्मी करके २० जने के सम्मान कईले बा । नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन मे संक्रमित लिया के राखला के बाद उलोग के ईलाज आ सेवा मे खटल २० स्वास्थ्यकर्मी आ सफाइकर्मी के प्रतिष्ठान सम्मान कईले बा ।
सम्मानित होखेवाला मे नारायणी अस्पताल के स्टाफ नर्स, अनमी, अहेब करके १८ स्वास्थ्यकर्मी आ २ जने अस्पताल के सफाइकर्मी रहल बाडन । आजु अस्पताल के सभाकक्ष मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे प्रष्ठिान के ओरी से प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त, अस्पताल के मेसु डाक्टर मदन उपाध्याय, वीरगंज महानगरपालिका के उपमेयर शान्ति कार्की, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के महासचिव माधव राजपाल, सामाजिक अभियन्ता प्रकाश थारु, लालबाबु सिंह आ प्रतिष्ठान के अध्यक्ष जसपाल सिंह स्वास्थ्यकर्मी आ सफाइकर्मी के दोसल्ला ओढाके कदरपत्र देहले रहनी । कार्जक्रम के सम्बोधन करत प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त कोरोना महामारी के जोखिम मे भी अग्रपंक्ति मे रहके खटल के सम्मान करके आयोजक संस्था सराहनीय काम कईल बतवनी ।
अस्पताल के मेसु डाक्टर मदन उपाध्या पर्सा मे संक्रमण के जोखिम कायमे रहल कहत ई सम्मान से आवेवाला दिन मे कोरोना विरुद्ध के लडाई मे स्वास्थ्यकर्मी आ सफाइकर्मी मे आउर हौसला बढेके बतवनी । आयोजक संस्था के अध्यक्ष जसपाल सिंह कोभिड १९ विरुद्ध के लडाई मे अग्रपंक्ति मे रहके काम कईललोग समाज आ देश के खातिर असली हिरो रहल बतवनी । अईसन महामहारी आ संकट मे भी आपन घरपरिवार बालबच्चा सभी छोडके रातदिन फ्रन्टलाइन मे काम कईल के कउनो मुल्यांकन ना कईल जा सकता”, कहत सिंह, “अभी भी जोखिम बढले बा आ उलोग काम कर रहल बानी, ओहिसे उलोग के हौसला आउर बढो कहके उदेश्य से संस्था सम्मान कईले बा ।” आजु आइसोलेसन मे खटल नर्स, अहेब आ सफाइकर्मी मात्र सम्मान कईल कहत उ अब चिकित्सक के भी सम्मानित करेके योजना खुदसब के रहल बतवनी । आजु सम्मानित होखेवाला स्वास्थ्यकर्मी खुदसब के काम के मुल्यांकन करके समाज से सम्मान कईला से एकरा से कोरोना विरुद्ध के लडाई मे काम करे खातिर आउर हौसला मिलल बतवले बाडन । सम्मानित मेट्रोन हेमा थापा महर्जन कहनी कि, “ई अस्पताल मे काम कईल १५ बरीस भईल, अभी तक हमनी के केहु सम्मान ना कईले रहे । आजु एगो सामाजिक संस्था हमनी के काम के मुल्यांकन करके सम्मान कईले बा । एकरा से हमनी मे आउर उर्जा आ हौसला बढल बा ।






