सडक के विषय मे पोखरिया मे झडप, ३ जने घायल
भोटा. संवाददाता
वीरगंज २३ असाढ,
सडक के विषय मे भईल विवाद के बाद झडप भईला पर पर्सा के पोखरिया मे ३ जने घायल भईल बाडन । पोखरिया नगरपालिका–७ रानीगंज मे मंगर के सबेरे भईल झडप मे उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष रामायण राम, भन्टु राम आ स्थानीय संजुकुमारी राम घायल भईल बाडन । सडक कहुँ ८ फिट आ कँहु १० फिट चौडा बनावल कहत स्थानीय सन्दीप राम आ लालदेव राम विरोध करत आईल रहलन ।
आजु सबेरे संजुकुमारी राम के परिवार घर अगाडि के माटी हटावे लागला पर उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष रोकला के बाद दु पक्षबीच झडप भईल प्रत्यक्षदर्शी जानकारी देहनी । संजु कुमारी के नाक, मुह, ओठ आ मुडि मे चोट लागल बा । उनका सँगे अध्यक्ष रामायण आ भन्टु के पोखरिया अस्पताल मे ईलाज हो रहल बा । रास्ता बनावे के विषय मे उपभोक्ता समिति आ स्थानीय वासिन्दाबीच सामान्य झडप भईल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह जानकारी देहनी । घटना मे संलग्न के आशंका मे पुलीस स्थानीय सन्दीप राम आ लालदेव राम के नियन्त्रण मे लेहले बा ।






