सशस्त्र पुलीस वीरगंज मे कईलख बाढ जन्य प्रकोप उद्धार अभ्यास

वीरगंज ११ असाढ
शुक के दिन के वीरगंज मे सिमसिम पानी पर रहल रहे । दु जने आदमी पानी मे डुबे लागल रहे । उलोग ‘बँचाव बँचाव’ कहके हारगुहार करत रहलन ।
मनसुन सक्रिय होके भारी वर्षात भईल आ तिलावे नदी मे आईल बाढ से अलौं डुबान मे पडल खबर सार्वजनिक भईल । कुछ देर के बाद जमिन कटान करके बस्ती हि जोखिम मे पडल खबर आईल । घर दहवावे लागल, बच्चा भुलाईल कहत रुवाबासी आ हारगुहार मागल सुनल गईल ।
जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे, वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख विजयकुमार सरावगी, नेपाली सेना चण्डीप्रसाद गण के गणपति मदनजंग राणा, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक राजेन्द्र खड्का लगायत सरोकारवाला टुलुटुलु देखत रहलन । उलोग रहल कुर्सी से उठईला पर भी ना उठलन ।
काहेकी घटना वास्तविक ना रहे, सशस्त्र प्रहरी बल १३ नम्बर गण बाढ जन्य प्रकोप के उद्धार अभ्यास कईले रहे । गण के किनार के पोखरा मे सशस्त्र प्रहरी के तालिमप्राप्त उद्धारकर्मी आपन कौशल प्रदर्शन करत रहलन ।
घटना कृत्रिम भईला पर भी उद्धारकर्मी टोली रबर बोट आ डोरी के सहायता से विपद् अईला पर जइसे करके उलोग के उद्धार कईलन । पोखरी के किनारा मे लियावल गईल । स्वास्थ्य सहायता टोली स्ट्रेचर मे राखके प्राथमिक ईलाज के खातिर सुरक्षित जगहा मे लेगईलें ।
नेपाल मे ई बरीस मनसुन सुरु भइल मौसमविद्लोग बतवले बाडन । ई बरीस सरदर से उच्च वर्षात होखेके अनुमान मौसमविद्लोग कईले बाडन । जउना के लचते बाढ, पहिरो कटान आ डुबान के समस्या बेसी हि आ सकता । पर्सा जिल्ला बाढ जन्य प्रकोप के जोखिम मे बा । ओहिसे गण मे ३५ जने जनशक्ति के ७ दिने विपद अनुशिक्षण तालिम देहल गणपति सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक खड्का बतवनी । कार्जक्रम मे वीरगंज महानगर प्रमुख सरावगी भेडाहा आ सिर्सिया नदी के चलते वीरगंज मे हरेक बरीस समस्या आवेला कहके बतवनी । ‘भेडाहा नदी मे बाँध बान्हल गईल बा, आउर २५ करोड खर्च करके मजबुत बाँध बान्हेके लक्ष्य हमनी के बा,’ कहत उ, ‘सिर्सिया नदी अतिक्रमण के चलते समस्या आ रहल बा । नदी के पुराने अवस्था मे लियावे के पडि । पानी बहेवाला जगहा ना मिलला पर बस्ती ओरी घुसेला ।’
पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे विपद जोखिम मे खोज उद्धार, नागरिक के जीउज्यान के सुरक्षा मे भूमिका निर्वाह करे खातिर सुरक्षा निकाय तईयारी अवस्था मे रहल बतवनी । जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति मनसुन प्रतिकार्य योजना २०७८ कईल जानकारी करावत प्रमुख जिल्ला अधिकारी घिमिरे पर्सा मे विपद् आवेसे पहिले के तइयारी हो चुकल बतवनी ।
‘मनसुनपूर्व प्रतिकार्य योजना पारित कईल गईल बा, ओमे खोज उद्धार के खातिर सम्पर्क आदमी के ह ? उद्धार सामान कहाँ बा ? सभी उल्लेख बा,’ उ कहनी ।





