प्रम ओली के समर्थन मे वीरगंज मे प्रदर्शन

भोटा. संवाददाता

वीरगंज २४ असाढ,

प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के समर्थन मे वीरगंज मे भी जुलुस सहित प्रदर्शन भईल बा । आजु प्रधानमन्त्री केपी ओली के समर्थन मे मोटरसाइकल जुलुस निकालल गईल रहे । वीरगंज के घण्टाघर अगाडि रहल विपी उद्यान से शुरु भईल प्रदर्शन घण्टाघर, माइस्थान, आदर्शनगर, मकालु चोक, आदर्शनगर, घडिअर्वा, माइस्थान होत घण्टाघर चोक मे आके सभा मे परिणत भईल रहे । प्रदर्शन मे सहभागी युवा राष्ट्रिय झण्डा लेहला के साथे नेपाल के नक्सा आ केपी ओली के तस्वीरसहित “देश के मुहार बदलेके बा साथी, पार्टी से राष्ट्र उपर” लिखल व्यानर लेहले रहलन ।

ब्यानर मे पार्टी एकता आ स्थायी सरकार के पक्ष मे एक्यबद्धता जनाँवल जाँव कहके भी लिखल रहे । ओकरा बाद मोटरसाइकल जुलुस रहे । प्रदर्शन मे सहभागी “सरकार गिरावे ना मिली” आजु आ बिहान केपी ओली, “पार्टी एकता जिन्दावाद” विदेशी हस्तक्षेप ना चाहिं लगायत नारा लगवले रहलन । स्वतन्त्र युवा समाज के नाम मे भईल प्रदर्शन मे नेकपा समर्थित युवालोग हि सहभागी रहलन । माइस्थान चोक मे नेकपा के पर्सा जिल्ला अध्यक्ष प्रभु हजारा, संविधान सभा सदस्य राजकुमार गुप्ता लगायत के नेतालोग प्रदर्शन के अवलोकन कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।