सञ्चारगृह सञ्चालन करेके प्रदेश २ सरकार के निर्णय मे पत्रकार महासंघ के विरोध

वीरगंज ०२ सावन
खुदे सञ्चारगृह सञ्चालन करेके प्रदेश २ सरकार के निर्णय के नेपाल पत्रकार महासंघ के प्रदेश समिति विरोध जनवले बा । उ प्रदेश सरकार से सञ्चारगृह सञ्चालन कईल लोकतान्त्रिक मूल्य एवं मान्यता विपरीत होखेके कहत निर्णय फिर्ता लेवेके माग कईले बा ।
शनिचर के दिने बईठल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ समिति के वईठक से सभी सञ्चार माध्यम के विकास के खातिर अबिलम्ब ठोस नीति लियावे खातिर प्रदेश सरकर से माग करेके निर्णय भी कईले बा ।
वईठक से संघीय सरकार से उपलब्ध करावल लोक कल्याणकारी विज्ञापन मे १० प्रतिशत कट्टा करके पत्रकार कल्याण कोष मे जम्मा करेके प्रदेश सरकार के निर्णय के भी विरोध कईले बा ।
खाइ पाइ आईल रोपेया मे कट्टा ना होखेवाला किसिम से लोक कल्याणकारी विज्ञापन उपलब्ध करावे खातिर निहोरा कईल पत्रकार महासंघ प्रदेश २ समिति के महासचिव श्याम वञ्जरा बतवनी ।
महासंघ खुद सँगे सरसल्लाह ना करके लियावल सञ्चारसम्बन्धी नीति अस्वीकार करेके चेतावनी भी देहले बा । वईठक से लोक कल्याणकारी विज्ञापन के अभिलेखीकरण आ भुक्तानी सम्बन्धित जिल्ला के हुलाक कार्यालय से होखेके व्यवस्था करेके भी माग कईले बा ।
महासंघ के प्रदेश समिति से कोरोना के चलते मृत्यु भईल २ जने पत्रकार के परिवार के राहत बापत के रकम देवेके आ बाँकी के हक मे महासंघ के स्रोत से भ्याए तक सहजोग देवेके निर्णय भी कईले बा ।






