२५५ जने कोरोना संक्रमित थपईलें, २५३ डिस्चार्ज

काठमाण्डु २४ असाढ,

पिछिलका २४ घण्टा मे आउर २५५ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । देशभर के प्रयोगशाला मे ४ हजार ६९६ नमुना परीक्षण कईला पर उलोग मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे नेपाल मे कुल संक्रमित के संख्या १६ हजार ४२३ पुगल बा । उलोग मेसे ३५ जने के मृत्यु भईल बा आ ७ हजार ७५२ जने डिस्चार्ज भईल बाडन । पिछिलका २४ घण्टा मे मात्र देशभर के अस्पताल तथा आइसोलेसन सेन्टर से २५३ जने डिस्चार्ज भईल बाडन ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक सबसे बेसी केलाली मे ३६ जने संक्रमित थपाईल बाडन । एहितरे रौतहट के ३३ जने, अछाम के १७, काठमाण्डु मे १६, कास्की आ सुर्खेत के १४÷१४ जने, डोटी आ कञ्चनपुर के १२÷१२ जने, झापा के ८, रुकुम पश्चिम आ ललितपुर मे ७ जने मे भी कोरोना संक्रण पुष्टि भईल बा । एहितरे चितवन, पाल्पा, दैलेख आ अछाम मे ५÷५ जने, मोरङ, सप्तरी आ बझाङ मे ४÷४ जने, नवलपुर, गुल्मी आ सर्लाही मे ३÷३ जने, सुनसरी, इलाम, सिराहा, बैतडी, गोरखा, काभ्रे, रामेछाप, मुगु आ डडेलधुरा के २÷२ जने तथा तेह्रथुम, सिन्धुपाल्चोक, दोलखा, धादिङ, दाङ, लमजुङ, सर्लाही, बारा, म्याग्दी, प्युठान, कालिकोट, जाजरकोट, दार्चुला मे एक÷एक जने संक्रमित थपाईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।