स्कुल जाए से पहिले तइयारी खातिर किलास के भईल उदघाटन

प्रभु यादव

बारा २९ असाढ

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ लङ्गडा टोल मे स्कुल से पहिले तइयारी किलास के उदघाटन भईल बा ।

लुमन्ति आवासको लागि सहयोग समुह के सहयोग तथा शहरी गरिबी निवारण मंच के आयोजना मे पुर्व विद्यालय तयारी कलास के एक कार्जक्रम के बिच उदघाट्न कईल गईल ।

शहरी गरिबी निवारण मञ्च के अध्यक्ष रबिन्द्र प्रसाद साह के सभापतित्व मे आ कलैया उपमहानगरपालिका वडा नं.२ के वडा अध्यक्ष राजेश महतो के प्रमुख आतिथ्यता मे उदघाटन कार्जक्रम सम्पन्न भईल रहल ।

सञ्चालन होखेवाला कलास के माध्यम से टोल के ५ वरीस से उपर के आ ५ कलास से निचे पढेवाला लईका लईकी सब के पठनपाठन करावल जाई ।

५ महिना तक चलेवाला कलास सब दिन २ घन्टा सञ्चालन होई मचं जनकारी करावले बा ।

कलास मे १५ मिनेट व्यक्तिगत सरसफाइ, १ घन्टा पढाइ आ ४५ मिनेट लईकालईकी सब के अतिरिक्त क्रियाकलाप सब सिखावल जाई मंच जनकारी देहले बा ।

कार्जक्रम मे शहरी गरिबी निवारण मञ्च के सदस्य दिपनारायण प्रसाद साह सहजिकरण करिहन । का

मे कार्यक्रमके सम्बन्ध मे जानकारी लुमन्ति आवासको लागि सहयोग समूह के सामुदायिक सहजकर्ता सुर्यराज पासवान करावले रहलन ।

कार्जक्रम मे कलैया उमनपा वार्ड नम्वर ९ के कार्यालय सचिव रामजी मन्डल, मंच के प्रदिप राम, स्थानिय जनानी अउर लइका लईकी सब के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।