कांग्रेस नेता नवीन्द्रराज जोशी के निधन

काठमाण्डु १३ चईत
नेपाली कांग्रेस के नेता नवीन्द्रराज जोशी के निधन भईल बा ।
मस्तिष्कघात होके काठमाण्डु के नर्भिक अस्पताल मे ईलाज करा रहल जोशी के शुक के रात ८ः२४ बजे मृत्यु भईल नर्भिक अस्पताल के जनसम्पर्क अधिकृत सोमनाथ बास्तोला जानकारी देहनी ।
“शुक के सबेरे से उनकर मुट भी काम कईल छोडले रहे । ईलाज के सभी प्रयास जारी राखल अवस्था मे उनकर मृत्यु भईल बा” नर्भिक अस्पताल के वरिष्ठ न्यूरो सर्जन डा. राजीव झा बतवनी ।
फागुन १४ गते घर मे स्वास्थ्य समस्या देखल गईला के बाद जोशी के वीर अस्पताल लेगईल रहे । वीर से उनका के नर्भिक मे रेफर कईले रहे । मस्तिष्कघात के समस्या देखल गईला के बाद अस्पताल सुरु से हि भेन्टिलेटर के सहायता मे ईलाज करत रहे । कांग्रेस केन्द्रीय सदस्य जोशी पूर्वमन्त्री आ पूर्वसांसद भी रहनी ।






