बिन्दवासिनी गाँवपालिका के गाँव सभा पुरा

वीरगंज २९ असाढ

पर्सा के बिन्दवासिनी गाँवपालिका के गाँव सभा आजु पुरा भईल बा ।

गाँवपालिका अध्यक्ष श्रीलाल साह कानु (मोदी) के अध्यक्षता मे भईल सभा मे आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ के खातिर चालु ओरी १३ करोड, ९९ लाख आ पूँजीगत ओरी १६ करोड, ५६ लाख के बजेट पारित भईल बा ।

परिषद से अनेकन बिषय मे योजना तय कईला के साथे शिक्षा, स्वास्थ्य, सामाजिक क्षेत्र, बिकास निर्माण मे भी बजेट बिनियोजन कईले बा ।

परिषद से शिक्षा मे १ करोड, स्वास्थ्य मे ८० लाख, कृषी मे ६० लाख, पशु मे ४० लाख लगायत के शिर्षक मे बजेट छुट्यावल बा ।

बजेट से शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषी, सडक, नाला लगायत पालिका के समग्र बिकास मे ध्यान देवेके जनावल गईल बा ।

परिषद के बाद बात करत अध्यक्ष कानु अव सभी से गर्व करेवाला किसिम के परिवर्तन के खाका बना के जनता के बीच मे जाएवाला मार्ग खोजल बतवनी । उ समस्या आ चुनौति अनगिन्ती भईला पर भी सर्वसम्मति से गाँव सभा पुरा भईला के बाद साझा सवाल मे एक होके जाएके परम्परा के शुरु भईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे गाँवपालिका के उपाध्याक्ष किरण देबी गुप्ता नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत करत बिकास निर्माण आ सामाजीक सुधार एवं जनानी लईकालँइकी तथा उपेक्षित जात भाषा एवं संस्कृति के बिकास मे भी ध्यान देहल जरुरी रहल बिचार रखनी ।

कार्जक्रम के संचालन गाँवपालिका के कर्मचारी राम प्रवेश कईले रहनी ।

कार्यपालिका सदस्य आ ५ गो वार्ड अध्यक्षलोग के उपस्थिती मे बितल २१ गते एतवार से सुरु भईल सभा मे आजु सोमार के दिने पुरा भईल प्रेस संयोजक संजिब मिश्रा जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।