स्रोत ना खुलल साढे ११ लाख सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज १७ बैशाख

पुलीस वीरगंज से स्रोत ना खुलल ११ लाख ५० हजार नेरु सहित एक जने के नियन्त्रण मे लेहले बा । पकडाईल पडेवाला मे वीरगंज महानगरपालिका–१६ इनर्वागाँव रहेवाला २९ बरीस के लालबाबुकुमार यादव रहल बाडन ।

विशेष सूचना के आधार मे पुलीस चौकी इनर्वा से खटल पुलीस के टोली उनका के वीरगंज के रजतजयन्ती चोक से बुध के दिने पकडले बा ।

भारत के रक्सौल से ना.६२ प ९५७१ नम्बर के मोटरसाइकल चढ के वीरगंज ओरी आ रहल अवस्था मे चेकजाँच कईला पर उ लादल झोरा मे स्रोत खुलेवाला उ रोपेया मिलल पर्सा पुलीस जनवले बा ।

पकडाईल यादव हुण्डी कारोबार मे संलग्न रहल आशंका पुलीस कईले बा ।
बरामद नगर आ मोटरसाइकल सहित उनका के नियन्त्रण मे लेके जरुरी अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।